Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

IND vs ENG 1st T20: रोहित लगातार 13 टी-20 जीते वाला पहिला कप्तान, भारत इंग्लैंड को 50 रन से हरवलस, हार्दिक चमकले

523

साउथैम्पटन में खेलल गईल तीन मैच के टी-20 सीरीज के पहिला मैच में भारत इंग्लैंड के 50 रन से हरा देलस। टॉस जीतला के बाद पहिला पारी में बल्लेबाजी करत भारत 20 ओवर में आठ विकेट के नुकसान पs 198 रन बनवलस। हार्दिक पाण्ड्या 51 रन के शानदार पारी खेलले। जवाब में इंग्लैंड के टीम 19.3 ओवर में  148 रन बना के ऑल आउट हो गइल। बल्लेबाजी के बाद हार्दिक गेंदबाजीयो में धूम मचवले आ अपना चार ओवर के कोटा में 33 रन देके के चार विकेट लेले। उनुका के प्लेयर ऑफ द मैच अवार्ड दिहल गईल।

हार्दिक पांड्या आ रोहित शर्मा
फोटो- सोशल मीडिया

हार्दिक टी-20 इंटरनेशनल में 50 प्लस रन बनावे आ चार गो विकेट लेबे वाला पहिला भारतीय खिलाड़ी बन गइलन। एह जीत से टीम इंडिया टी20  सीरीज में 1-0 से आगे हो गइल बिया। रोहित दुनिया के पहिला कप्तान बन गइल बाड़न जे लगातार 13 गो टी-20 जीतले होखले। टीम इंडिया एडगबस्टन टेस्ट में हार के बदला लिहलस। भारत आ इंग्लैंड के बीच दुसरका टी-20 सनिचर का दिने बरमिंघम में होखी। दुसरका टी-20 में भारतीय सीनियर खिलाड़ी वापसी करी लो।  एह मैच में विराट कोहली, जसप्रीत बुमराह, श्रेयस अय्यर आ ऋषभ पंत के टीम में वापसी होई।

टॉस जीतके पहिले बल्लेबाजी करने उतरल भारतीय टीम के सुरुआत निमन रहल। टीम इंडिया के 29 के कुल स्कोर पs पहिला झटका लगा। कप्तान रोहित शर्मा 14 गेना पs पांच चौका के मदद से 24 रन बनाकर आउट हो गईले। एकरा बाद ईशान किशन10 गेना पs आठ रन बनाके आउट हो गइले। एह दुनों खेलाडियन के स्पिनर मोईन अली पवेलियन भेजले। एकरा बाद दीपक हुड्डा कुछ अच्छा शॉट्स लगवले। हालांकि, उ 17 गेना पs तीन चौका आ दु गो छक्का के मदद से 33 रन बनाकर आउट भईले।

मोईन अली- फोटो-सोशल मीडिया

एकरा बाद सूर्यकुमार चउथा विकेट खातिर हार्दिक पाण्ड्या के साथे 37 रन के साझेदारी कइलन। सूर्या 19 गो गेना में 39 रन बनवले। जवना में, चार गो चौका आ दू गो छक्का शामिल रहे। अक्षर पटेल के 12 गेना में 17 रन, दिनेश कार्तिक 7 गेना में 11 रन आ हर्षल पटेल के 6 गेना में 3 रन बनल। एह दौरान हार्दिक अपना टी-20 इंटरनेशनल करियर के पहिला अर्ध शतक बनवले। ऊ छव गो चौका आ एगो छक्का के मदद से 33 गो गेना पs 51 रन बना के आउट हो गईले।

भुवनेश्वर कुमार एक रन पs नाबाद रहलें आ आर्षदीप सिंह दू रन बनवले। इंग्लैंड खातिर मोईन अली आ क्रिस जॉर्डन दू-दू गो विकेट लिहल लो। एकरा अलावे रीस टॉपली, टायमल मिल्स आ पार्किंसंस के एक-एक विकेट मिलल।

हार्दिक पांड्या- फोटो-सोशल मीडिया

199 रन के लक्ष्य के पीछा करने उतरल इंग्लिश टीम के सुरुआत बेहद खराब रहल। टीम 33 रन पs चार विकेट गंवा देले रहे। इंग्लैंड के पहिला झटका भुवनेश्वर कुमार देले।ऊ इंग्लैंड के नवनियुक्त कप्तान जोस बटलर के पारी के पहिलके ओवर में क्लीन बोल्ड कइले। बटलर खाता तक ना खोल सकले। एकरा बाद हार्दिक पांड्या के जलवा देखे के मिलल। ऊ पांचवां ओवर में दु विकेट झटकले।

पांचवां ओवर के दुसरका गेना पs हार्दिक डेविड मालन के क्लीन बोल्ड कइलन। मालन 14 गेना में 21 रन बनवले। एकरा बाद ओवर के आखिरी गेंद पर लियाम लिविंगस्टोन के कैच  विकेटकीपर दिनेश कार्तिक पकड़ लेले। लिविंगस्टोन खाता तक ना खोल पवले। एकरा बाद हार्दिक जेसन राय के हर्षल पटेल के हाथे कैच पकड़ववले। रॉय 16 गेना पs चार रन बना के आउट हो गइलन।

हार्दिक कइले घातक गेंदबाजी- फोटो- सोशल मीडिया

हार्दिक के जलवा बिखेरला के बाद युजवेन्द्र चहल आपन छाप छोड़ले। ऊ 13वां ओवर में हैरी ब्रुक आ मोईन अली के पवेलियन में भेजले। चहल ब्रुक के सूर्यकुमार यादव के हाथे कैच करवले। ब्रुक 23 गो गेना पs दू गो चौका आ एगो छक्का मार के आउट हो गईले। एकरा साथे चहल विकेटकीपर कार्तिक से मोइन के स्टम्प करववले। मोईन  चार गो चौका आ दू गो छक्का के मदद से 20 गो गेना में  36 रन बना के आउट हो गईले। एकरा बाद हार्दिक सैम करण के विकेटकीपर कार्तिक के हाथे कैच पकड़ववले। करण चार रन बना के आउट हो गईले। एकरा संगे-संगे हर्षल पटेल अपना गेना पs टायमल मिल्स के कैच पकड़ लिहले। मिल्स सात रन बना सकले। एकरा बाद आर्षदीप सिंह अपना अंतरराष्ट्रीय डेब्यू पर पहिला विकेट लेले। ऊ रीस टॉपली के विकेटकीपर कार्तिक से कैच पकड़ववले।

 

अर्शदीप अपना डेब्यू पs दु विकेट झटकले -फोटो -सोशल मीडिया

एकरा बाद आर्षदीप दीपक हुड्डा के हाथे मैथ्यू पार्किंसंस के कैच पकड़ववले, इंग्लैंड के पारी 148 रन बना के ऑल आउट हो गइल।क्रिस जॉर्डन 26 रन पs नाबाद रहले। भारत खातिर हार्दिक पाण्ड्या चार गो विकेट लेले। संगही आर्षदीप आ चहल के दू-दू गो विकेट मिलल। एकरा अलावे भुवनेश्वर कुमार आ हर्षल पटेल के एक-एक विकेट मिलल।

288570cookie-checkIND vs ENG 1st T20: रोहित लगातार 13 टी-20 जीते वाला पहिला कप्तान, भारत इंग्लैंड को 50 रन से हरवलस, हार्दिक चमकले

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.