[the_ad_group id="30365"]

IND vs ENG 5th टेस्ट : टॉस हार के भारत बल्लेबाजी करे गइल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारत आ इंग्लैंड का बीच भइल अधूरा टेस्ट सीरीज के आखिरी मैच एजबस्टन मैदान में खेलल जा रहल बा. इंग्लैंड टॉस जीत के पहिले गेंदबाजी करे के फैसला कइलसि. पांच मैच के सीरीज में भारतीय टीम 2-1 के अंतर से आगे बिया। अब जसप्रीत बुमराह के नेतृत्व में टीम इंडिया एह मैच के जीते भा बराबरी करे के कोशिश करी. अगर अइसन हो गइल त भारत 15 साल बाद इंग्लिश माटी पर टेस्ट सीरीज जीत ली. दोसरा तरफ इंग्लैंड एह मैच के जीत के 2-2 से बराबरी पर सीरीज खतम कइल चाहत बा.

इंग्लैंड टॉस जीत लिहलसि, पहिले गेंदबाजी करे के फैसला कइलसि

भारत का खिलाफ होखे वाला पाँचवा टेस्ट मैच में इंग्लैंड के कप्तान बेन स्टोक्स एह टॉस जीत के पहिला गेंदबाजी करे के फैसला कइले बाड़न. इंग्लैंड गुरुवार के ही आपन प्लेइंग-11 के घोषणा कईले रहे। एकरा साथे भारतीय कप्तान बुमरा आजु प्लेइंग-11 के एलान कइलन.

भारत के बल्लेबाजी शुरू हो गइल

टॉस हारला का बाद बल्लेबाजी करे के चुनाव करत भारत पहिला ओवर में पाँच रन बनवलसि. शुभमन गिल आ चेतेश्वर पुजारा पारी के शुरुआत कइले बाड़न आ दुनु जने क्रीज पर बनल बाड़न.

दूनो टीम 

भारत: शुभमन गिल, चेतेश्वर पुजारा, हनुमा विहारी, विराट कोहली, श्रेयस अय्यर, ऋषभ पंत (विकेटकीपर), रवींद्र जडेजा, शार्दुल ठाकुर, मोहम्मद शमी, मोहम्मद सिराज, जसप्रीत बुमराह (कप्तान)।

इंग्लैंड: एलेक्स लीस, जैक क्रॉली, ओली पोप, जो रूट, जॉनी बेयरस्टो, बेन स्टोक्स (कप्तान), सैम बिलिंग्स (विकेटकीपर), मैथ्यू पॉट्स, स्टुअर्ट ब्रॉड, जैक लीच, जेम्स एंडरसन।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]