[the_ad_group id="30365"]

ओमप्रकाश राजभर के पार्टी में बगावत: SBSP के राष्ट्रीय उपाध्यक्ष समेत कई नेता लोग दिहल इस्तीफा, लगावल लोग कई आरोप

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पूर्व मंत्री ओमप्रकाश राजभर के सुहेलदेव भारतीय समाज पार्टी में बगावत हो गइल बा। पार्टी के राष्ट्रीय उपाध्यक्ष महेंद्र राजभर समेत कई नेता लोग सामूहिक रूप से इस्तीफा दे दिहल। सोमार के मऊ में आयोजित प्रेस कॉन्फ्रेंस में महेंद्र राजभर सुभासपा प्रमुख पर कई गंभीर आरोप लगवलें। उ कहलें कि ओमप्रकाश राजभर परिवारवाद कर रहल बानें। सुभासपा अब पिता-पुत्र के पार्टी बन के रह गइल बा। ओमप्रकाश गरीबन के बात करत रहलें, लेकिन ऊ अपने मिशन से भटक गइल बानें।

ऊ आरोप लगवलें कि सुभासपा प्रमुख पइसा लेने अउरी पार्टी में कार्यकर्ता लोग के सम्मान नाइ होला। इहो आरोप लगवलें कि ओमप्रकाश राजभर के संबंध जेल में बंद बाहुबली मुख्तार अंसारी से बा। कहलें कि मुख्तार सुभासपा प्रमुख के बड़ भाई हवें। ओमप्रकाश राजभर कौनो भी फैसला मुख्तार अंसारी से पूछिये के लेलें।

ई लोग छोड़ल पार्टी

सुभासपा छोड़े वाले नेता लोग में मुख्य रूप से राष्ट्रीय उपाध्यक्ष बलराम राजभर, प्रदेश उपाध्यक्ष अवधेश राजभर प्रदेश महासचिव अर्जुन चौहान, प्रदेश महासचिव रामआसरे पासवान, जिलाध्यक्ष कुशीनगर ओमप्रकाश राजभर ,प्रदेश महासचिव रमेश सिंह चौहान, विजय कुमार, विजय प्रकाश भारती, सुभाष राजभर, मुन्ना राजभर, उस्मान, विश्वनाथ प्रसाद, निराला, देवदत्त यादव आदि लोग शामिल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]