Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

मिशन 2024: विपक्षी एकता के मजबूत करे दिल्ली पहुंचले नीतीश कुमार, राहुल गांधी से कइलें मुलाकात

मुख्यमंत्री नीतीश कुमार सोमार के साँझ दिल्ली में कांग्रेस नेता राहुल गांधी से मुलाकात कइलें। बिहार में कांग्रेस समर्थित महागठबंधन के सरकार बनला के बाद नीतीश कुमार आ राहुल गांधी के ई पहिला मुलाकात रहे।

919

मुख्यमंत्री नीतीश कुमार देश में मोदी सरकार के खिलाफ विपक्षी दलन के एकजुट करे के मुहिम पs सोमार के दिल्ली पहुंचले। अपना अभियान में नीतीश कुमार सबसे पहिले कांग्रेस के पूर्व अध्यक्ष आ सांसद राहुल गांधी से मिले दिल्ली स्थित उनका आवास 12 तुगलक लेन गइलें। दुनो के बीच बतकही लमसम करीब 50 मिनट ले चलल। राहुल गांधी से विपक्षी दलन के एकजुट करे के रणनीति पs चरचा भइल।

एकरा बाद नीतीश कुमार पूर्व प्रधानमंत्री एचडी देवगौड़ा के आवास पहुंचलें। उहां उनकर कुमार एचडी कुमार स्वामी से बातचीत भइल। कुमार स्वामी नीतीश कुमार के विपक्षी दलन ले एकजुट करे के मुहिम के सराहना कइलें। कहले कि रउआ अइला से एगो माहौल बनल बा। रउआ आगे बढ़ी हमनी के रउआ साथे बानी जा।

एकरा पहिले दिल्ली एयरपोर्ट पs सीएम नीतीश मीडिया से केहले कि पीएम बने के हमार कवनो आकांक्षा नहखें। हम विपक्षी दलन ले एकजुट करे के कोसिस कर रहल बानी। ऊ कहले कि आज देश में क्षेत्रीय दलन के खतम करे के साजिश चल रहल बा।

मंगर के नीतीश कुमार दिल्ली के मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल, सीपीएम महाचसिव सीताराम येचुरी, सीपीआई महासचिव डी राजा, आ ओमप्रकाश चौटाला से मुलाकात करिहें। सोमार के दिल्ली रवाना होखे से पहिले ऊ राजद सुप्रीमो लालू प्रसाद से मिले राबड़ी देवी के आवास पs गइलें। उनका साथे जदयू के राष्ट्रीय अध्यक्ष ललन सिंह रहलें। उपमुख्यमंत्री तेजस्वी यादव उनकर स्वागत कइलें।

सीएम नीतीश के दिल्ली दौरा से भाजपा बेचैन : जदयू

जदयू प्रदेश प्रवक्ता अरविंद निषाद कहले बाड़ें कि मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के दिल्ली दौरा से भाजपा के शीर्ष नेता लोगन में बेचैनी बढ़ गइल बा। अपना तीन दिन के दिल्ली दौरा के क्रम में राष्ट्रीय स्तर पs देश के अलग-अलग विपक्षी दल आ राज्य के नेता लोगन के संगे विचार-विमर्श कs के सभे के एक मंच पs ले अइहें। नीतीश कुमार अपना सक्रियता से लोकसभा चुनाव 2024 में भाजपा के केंद्र के सत्ता से बाहर कs दिहें।

विश्वनीयता खो चुकल बाड़े नीतीश कुमार: बीजेपी

मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के भाजपा से अब कबो समझौता ना करे से जुड़ल संबंधित वक्तव्य पs प्रदेश भाजपा अध्यक्ष डा. संजय जायसवाल आपन प्रतिक्रिया देले बाड़े। कहले कि नीतीश जी चाहे जेतना जोर लगा ली।, चाहे जेतना बात बनावत रही आ चाहे जेतना सफाई देते फिरीं बाकिर बिहार के जनता आ देश के राजनैतिक वर्ग के सोझा इनकर राजनीतिक चरित्र बेनकाब हो चुकल बा। आरोप लगवले कि ऊ आपन विश्वसनीयता खो चुकल बाड़े। डॉ जायसवाल दावा कइलें कि उनकर बड़े भाई आ हालिया सहयोगी लालू प्रसादो के उनका पs भरोसा नइखे। डॉ जायसवाल सलाह देले कि नीतीश जी पीएम बने के दिवास्वप्न देखे से पहिले बिहार के गिरत विधि- व्यवस्था के ठीक करे में आपन धेयान केंद्रित करीं।

साभार: हिन्दुस्तान

322900cookie-checkमिशन 2024: विपक्षी एकता के मजबूत करे दिल्ली पहुंचले नीतीश कुमार, राहुल गांधी से कइलें मुलाकात

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.