[the_ad_group id="30365"]

हेमंत सोरेन सरकार जीतल विधानसभा में विश्वास मत, प्रस्ताव के पक्ष में पड़ल 48 वोट, विरोध में एक्को बोट ना

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

झारखंड में जारी राजनीतिक (Jharkhand Politics) उपापोह के बीच मुख्यमंत्री हेमंत सोरेन (Hemant Soren) के अगुवाई वाली महागठबंधन के सरकार सोमार के विधानसभा में विश्वास मत हासिल कs लिहलस। विश्वास प्रस्ताव के पक्ष में 48 लोग मतदान कइल जबकि एकरे विरोध में एक्को वोट नाइ पड़ल। मतविभाजन से पहिले भारतीय जनता पार्टी (BJP) अउर उनकर सहयोगी दल के लोग सदन से वाकआउट कs गइल।

भगोड़ा लोग जा रहल बानें

विपक्ष के वाकआउट कइले पs मुख्यमंत्री हेमंत सोरेन समेत कई विधायक लोग विरोधी दल पर तंज कसल- भगोड़ा लोग जा रहल बा। सदन छोड़के भाग रहल बा। स्पीकर रवींद्रनाथ महतो के ओर से ध्वनिमत से विश्वास प्रस्ताव पs मतविभाजन के कोशिश कइल गइल, लेकिन सदस्यन के मांग पर मतविभाजन करावल गइल। आसन के ओर से विधायकन के अपने-अपने सीट पर खड़ा होखे के कहल गइल। विधायकन के संख्या के गिनती कइल गइल आ सारेन के विजेता घोषित क देहल गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]