[the_ad_group id="30365"]

छपरा में अमर शहीद जगदेव प्रसाद के जयंती मनावेे के लेके मशरक में समीक्षात्मक बैठक

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मशरक (सारण)/ धर्मेंद्र कुमार सिंह: बिहार लेलिन अमर शहीद जगदेव प्रसाद के जयंती 24 फरवरी 2023 के छपरा में दारोगा राय चौक के लगेे पार्टी जोन में मनावे के लेके मशरक नगर पंचायत बाजार अवस्थित अशोक सिनेमा हॉल के सभागार में पानापुर जिला पार्षद रत्नेश भास्कर के अध्यक्षता में समीक्षात्मक बैठक आयोजित कइल गइल।

बैठक में अलग-अलग बिन्दुअन पs चरचा कइल गइल। ओहजा जिला पार्षद रत्नेश भास्कर बैठक में जिला से आइल गन्यमान्य लोगन के सोझा 24 फरवरी 2023 के दारोगा राय चौक के लगे पार्टी जोन में बिहार लेलिन अमर शहीद जगदेव प्रसाद के जयंती सामारोह में सामिल होखे खातिर बेसी से बेसी संख्या में लोगन के चले के आह्वान कइलें। एकरा खातिर सारण जिला में सब प्रखंडन में बैठक कइल जा रहल बा।

सामारोह के भव्य तरीका से मनाव के लेके योजना तइयार कइल गइल। ओहिजा जिला से आइल जिला कुशवाहा महासंग के अध्यक्ष डॉ अशोक कुशवाहा बतवलें की जगदेव बाबू के जयंती मनावे खातिर सब समाज के लोगन के छपरा चले के आह्वान कइलें आ कहलें कि सब प्रखंडन में बैठक करे के योजना तइयार कs लिहल गइल बा। जयंती सामारोह के मुख्य अतिथि पूर्व केंद्रीय मंत्री आ जदयू संसदीय बोर्ड के अध्यक्ष उपेंद्र कुशवाहा सामिल रहिहें। बैठक में शिक्षक नेता धर्मेन्द्र सिंह कुशवाहा कहलें की जगदेव बाबू के जयंती सामारोह में मशरक प्रखंड से दु हजार से जादे लोग चले के मन बना चुकल बा। ओहि सामारोह के तइयारी के लेके मशरक स्टेशन रोड कुशवाहा टोला बहु बेटी परिसर में 12 फरवरी रविवार के 2023 के प्रखंड स्तरीय विशाल बैठक के आयोजन कइल गइल बा। जेमे प्रखंड के तमाम लोगन के प्रचार प्रसार के माध्यम से बोलावल गइल बा।

बैठक में मुख्य रूप से पानापुर जिला पार्षद सह कार्यक्रम के जिला संयोजक रत्नेश भास्कर, कार्यक्रम के जिला अध्यक्ष डॉ एच के रंजन, शिक्षक नेता धर्मेन्द्र सिंह कुशवाहा, डॉ बीरेंदर कुशवाहा, डॉ राज बलम सिंह, पूर्व सरपंच औधेश सिंह, उमा शंकर प्रसाद, भाजपा मंडल अध्यक्ष बीरबल कुशवाहा, अशोक सिंह, संजय कुशवाहा, सहित दर्जनन लोग सामिल रहल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]