[the_ad_group id="30365"]

दिल्ली-लखनऊ राष्ट्रीय राजमार्ग पs भीषण जाम, टोल प्लाजा पs लागल लमहर-लमहर लाइन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

जदि रउआ दिल्ली-लखनऊ राष्ट्रीय राजमार्ग पs गाजियाबाद-मसूरी, डासना आ पिलखुवा होत जाये भा आवे के कार्यक्रम बना रहल बानी, तs संभर के कर बनाई। सुक के सबेरही से राजमार्ग पs भीषण जाम बा। हापुड़ के पिलखुला-छिजारसी टोल प्लाजा से वाहनन के डायवर्जन के चलते सुक के सबेरही से राजमार्ग पs भीषण जाम लागल बा।

पिलखुला-छिजारसी टोल प्लाजा पs डायवर्जन के वजह से बड़ वाहनन के रोक दिहल गइल बा, जवना से यातायात व्यव्स्था पूरा तरह से चरमरा गइल बा। हालात ई बा कि एक बार जाम में फंसला के बाद घंटन तक रुके के पड़ सकत बा। पुलिस यातायात व्यवस्था सुचारू करावे के प्रयास में जुटल बिया। देर सांझ तक व्यवस्था में सुधार होखे के संभावना बा।

टोल प्लाजा पs लागल लमहर कतार

लखनऊ में आयोजित यूपी ग्लोबल इन्वेस्टर्स समिट सुभारंभ के चलते जिला अमरोहा में बड़ वाहनन के प्रवेश पs सुक के रोक लगा दिहल गइल बा। अइसन में स्थिति ना बिगड़े, एकरा खातिर दिल्ली, गाजियाबाद के तरफ से आ रहल बड़ वाहनन ट्रक, मैटाडोर, टैंकर आदि के छिजारसी टोल प्लाजा के निचिका रोक दिहल गइल बा। सबेरे 5 बजे से वाहनन के रोकल जा रहल बा। जवना से बड़ वाहनन के लाइन लमहर होखला के चलते हाईवे पs जाम के हालात बन गइल। टोल प्लाजा से गाजियाबाद आ हापुड़ के तरफ टोल प्लाजा तक वाहनन के कतार लागल बा।

धैलाना कट से निकालल जा रहल बा वाहन

हापुड़ के तरफ से आ रहल निजी वाहनन के धौलाना कट से निकालल जा रहल बा। जवन आगे जाके गांव धौलाना से मसूरी-गुलावठी मार्ग से होखत मसूरी गाजियाबाद पहुंच रहल बा। जबकि गाजियाबाद से आ रहल निजी वाहनन के ईस्टर्न पेरीफेरल एक्सप्रेसवे से निकालल जा रहल बा।

थाना प्रभारी निरीक्षक मुनीष प्रताप सिंह के कहनाम बा कि बड़ वाहनन के रोकला के चलते हाईवे पs जाम के हालात बा। यातायात सुचारू रखे खातिर बीच-बीच में कम संख्या में बड़ वाहनन के निकाले के प्रयास कइल जा रहल बा।

साभार: दैनिक जागरण

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]