Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

ईसा मसीह के 100 फीट ऊँच मूर्ति पर बिजली गिरल, सोशल मीडिया यूजर लोग तस्वीर देख के चौंक गइल

ब्राजील के रियो डी जनेरियो में ईसा मसीह के सौ फीट ऊँच मूर्ति पर बिजली गिर गइल बा। पिछला बियफे का दिने ब्राजील के तट पर आइल एगो तेज तूफान का दौरान ई अद्भुत नजारा कैमरा में कैद भइल। एह तस्वीरन के वायरल होखे का सोझा अइला का बाद लोग स्तब्ध रह गइल।

307

ईसा मसीह के 100 फीट ऊँच मूर्ति पर बिजली गिरल, सोशल मीडिया यूजर लोग तस्वीर देख के चौंक गइल

ब्राजील के रियो डी जनेरियो में ईसा मसीह के सौ फीट ऊँच मूर्ति पर बिजली गिर गइल बा। पिछला बियफे का दिने ब्राजील के तट पर आइल एगो तेज तूफान का दौरान ई अद्भुत नजारा कैमरा में कैद भइल। एह तस्वीरन के वायरल होखे का सोझा अइला का बाद लोग स्तब्ध रह गइल।

 

Christ The Redeemer Viral Photos : अक्सर दिल दहला देवे वाला प्राकृतिक घटना से जुड़ल वीडियो अउरी फोटो सोशल मीडिया पे आवत रहेला, जवना के देख के कई बेर लोग के आत्मा कांप जाले। हाल में अइसन कुछ तस्वीर इंटरनेट पर लोग के होश उड़ा रहल बा जवन ब्राजील से बतावल जा रहल बा। दरअसल, रियो डी जनेरियो में दुनिया के तीसरा सबसे ऊँच 100 फीट के ईसा मसीह के मूर्ति पे बिजली गिर गईल बा। पिछला बियफे का दिने ब्राजील के तट पर आइल एगो तेज तूफान का दौरान ई अद्भुत नजारा कैमरा में कैद भइल।

वायरल होखे वाला तस्वीरन में ब्राजील के रियो डी जनेरियो में क्राइस्ट द रिडीमर के मूर्ति पर बिजली गिरत लउकत बा। तस्वीरन में देखल जा सकेला कि सीधे मूर्ति के माथा पर बिजली गिरल रहे। सोशल मीडिया पे वायरल भईल ए तस्वीर के सोझा अईला के बाद लोग स्तब्ध रह गईले। एह तस्वीरन के देख के इंटरनेट पर लोग अलग अलग रिएक्शन दे रहल बा। कुछ लोग एकरा के दिव्य शक्ति के दर्शन मान रहल बा त कुछ लोग एकरा के अद्भुत कह रहल बा। ब्राजील के मुताबिक, ईसा मसीह के ए विश्व प्रसिद्ध मूर्ति पे बिजली गिरे के घटना साल में कम से कम 6 बेर होखेला, जवना के चलते मूर्ति के बहुत नुकसान भईल बा।

बतावल जाता कि साल 2014 में भी मूर्ति के बीच में बिजली गिरल रहे, ओकरा बाद मरम्मत के काम करे के पड़ल रहे, लेकिन अबकी बेर बिजली सीधा मूर्ति के सिर पे गिर गईल बा। बतावल जाता कि जब इ घटना भईल त फर्नांडो ब्रागा ए तस्वीर के कैमरा में कैद कईले रहले, जवना के बाद इ तस्वीर सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म इंस्टाग्राम पे शेयर कईल गईल। तस्वीर साझा करत कैप्शन में लिखल बा, ‘दिव्य बिजली! आज शुक्रवार के दिन ह! 10 फरवरी 2023 के 6:55 PM (मसीह) आ 19:03 PM (एंटीना) पर 70-200mm f/2.8E के साथ 70mm f/8 पर NIKON D800 के इस्तेमाल से लिहल गइल बा।’

 

एह दिल दहला देबे वाली तस्वीरन के सोशल मीडिया प्लेटफार्म इंस्टाग्राम पे क्रिस्टो रेडेंटर नाम के एगो अकाउंट शेयर कइले बा जवना के अबले 77 हजार लोग देखले बा। एह तस्वीरन के देख के इंटरनेट पर लोग अलग अलग रिएक्शन दे रहल बा। एगो यूजर लिखले कि, ‘एह घटना के देखला के बाद लागता कि मूर्ति में दिव्य शक्ति देखाई देता।’ एगो अउरी यूजर लिखले कि, ‘ब्रागा, इ अद्भुत नजारा देखावे खातीर आप तारीफ के हकदार बानी।’

460360cookie-checkईसा मसीह के 100 फीट ऊँच मूर्ति पर बिजली गिरल, सोशल मीडिया यूजर लोग तस्वीर देख के चौंक गइल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.