[the_ad_group id="30365"]

रिजल्ट घोषित नाइ भइल, प्रशासनिक भवन परिसर में प्रदर्शन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बीआरडी पीजी कॉलेज देवरिया के बीएससी एजी के छात्र लोग रिजल्ट घोषित कइलें के मांग के ले के बुधवार के दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय के प्रशासनिक भवन परिसर में धरना देहल। साथ ही परीक्षा नियंत्रक कार्यालय के घेराव करत नारेबाजी भी कइल

छात्रन के आरोप बा कि बीएससी एजी के प्रथम, द्वितीय अउरी तृतीय सेमेस्टर म् परीक्षा परिणाम अब ले घोषित नाइ कइल गइल बा। एकरे वजह से पढ़ाई बाधित बा। छात्रन के प्रदर्शन करीब एक घंटा ले चलल। परीक्षा नियंत्रक कार्यालय पर छात्र लोग छात्र एकता जिंदाबाद अउरी विश्वविद्यालय प्रशासन के खिलाफ नारा लगावल। एही बीच परीक्षा नियंत्रक राकेश कुमार मौके पर पहुंलें अउरी जल्दिए रिजल्ट घोषित कइलें के भरोसा दियवले। एकरे बाद छात्र मनलें अउरी वापस गइलें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]