[the_ad_group id="30365"]

स्वतंत्रता दिवस के देखत सरहद पर बढ़ावल गइल अलर्ट, बढ़ावल गईल चौकसी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

स्वतंत्रता दिवस के मद्देनजर भारत-नेपाल सोनौली सीमा पर अलर्ट घोषित क दिहल गइल बा। चौकसी बढ़ा देहल गइल बा। पगडंडी पर पेट्रोलिंग तेज क देहल गइल बा। भारत-नेपाल के सीमा खुलल बा। दूनों देश के लोग एक दूसरे के उहां आसानी से आवत-जात रहेने। केहू खातिर कौनों रोक-टोक नाई बा। सीमावर्ती गांव के लोग एक दूसरे के इहा आवे जाए खातिर मुख्य रास्ता के अलावा पगडंडी के इस्तेमाल करत बानें।

सोनौली सीमा सहित भारतीय क्षेत्र में पगडंडी पर एसएसबी के जवान चप्पे-चप्पे पर तैनात बानें। नेपाल से भारत में प्रवेश करे वाले लोग के एसएसबी के विशेष जांच चक्र से गुजरे के आरडबल्यू पड़ रहल बा। स्वतंत्रता दिवस पर अलर्ट घोषित होखले के बाद से सोनौली सीमा सहित खनुआ, हरदीडाली, भगवानपुर अउरी सुंडी सीमा पर सशस्त्र सीमा बल के जवान नेपाल से भारत आवे वाले हर एक व्यक्ति अउरी वाहन के सघन जांच के उपरांत ही उनके भारत में प्रवेश करे दे रहल बानें।

एसएसबी 22 वीं वाहिनी कमांडेंट एलपी उपाध्याय बतवले कि भारत-नेपाल के सब सीमा, पगडंडी पर चौकसी बढ़ा देहल गइल बा। नेपाल से आवे वालन के घन तलाशी लेहल जा रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]