[the_ad_group id="30365"]

जंतर-मंतर पर किसान महापंचायत आजु, पुलिस नाइ देहलस अनुमति दिल्ली के सीमा पर बैरिकेडिंग

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

संयुक्त किसान मोर्चा आज जंतर-मंतर पर महापंचायत कइलें के एलान कइलें बा। लेकिन दिल्ली पुलिस किसानन के जंतर-मंतर पर महापंचायत कइलें के अनुमति नाइ देहलें बा। अइसन में ये तय नाइ बा कि किसानन के का रुख रही। दिल्ली पुलिस के अधिकारी लोग बतावल कि अनुमति नाइ देहलें के सूरत में किसानन के दिल्ली में प्रवेश नाइ करे देहल जाई। हालांकि जौन किसान नई दिल्ली में आ चुकल बानें ऊ जंतर-मंतर जा सकेने। दिल्ली पुलिस किसानन के रुख के देखत भिन्नहिये आपन रणनीति तय करी।

दिल्ली के बॉर्डर पर कइल गईल बैरिकेडिंग

दिल्ली पुलिस के एक अधिकारी बतवलें कि किसान लोग महापंचायत खातिर अनुमति मंगले रहे। नई दिल्ली जिला पुलिस जंतर-मंतर पर महापंचायत कइलें अनुमति नाइ देहल गइल बा। अइसन में किसानन के दिल्ली में प्रवेश नाई करे देहल जाई। बॉर्डर पर बैरिकेड लगा देहल गइल बा। दिल्ली के अलावा नई दिल्ली के बॉर्डर के रविवार रात से ही सील क देहल गइल। किसानन के अउरी उनके ट्रैक्टर-ट्रॉली अउर ट्रक के नई दिल्ली में ढूके नाइ देहल जाई। नई दिल्ली के सब बॉर्डर पर बैरिकेड लगा देहल गइल बा। चेकिंग के बादे लोग के दिल्ली में प्रवेश करे देहल रहल बा। पूरा दिल्ली पुलिस के अलर्ट पर रहे खातिर कहल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]