[the_ad_group id="30365"]

शिक्षक के सम्मान देस के हर नागरिक के सम्मान- सूर्य प्रकाश मिश्रा

शिक्षक के सम्मान देस के हर नागरिक के सम्मान- सूर्य प्रकाश मिश्रा
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

देवरिया (बरहज)। कहल जाला कि शिक्षक समाज के ऊ स्तंभ हs जवन समाज के दिशा आ दशा दुनो के तय करे खातिर आपन जिम्मेवारी के निवर्हन करेला। ऊ समाज के कांच माटी माने लईकन के बनावे में कोहार के भूमिका अदा करेला। अइसने एगो शिक्षक अखिलेश कुमार सिंह के जन्मदिन पs लईकन के ओर से सम्मान कार्यक्रम के आयोजन कइल गइल।

एह अवसर पर सूर्य प्रकाश मिश्रा कहलें कि शिक्षक स्कूली लईकन के सबसे प्यारा इयादन में से एगो हs। अपना शिक्षक खातिर एक दिन के योजना बनावे के क्षमता होखल, जवना में शिक्षक के कवनो निगरानी ना होखे। कइयन लोगन खातिर ई बहुते बढ़िया बा। पढ़ाई खातिर स्कूल में देर तक रुकल आ स्कूल परिसर के सजावल, पास होखे वाला छात्रन खातिर सबसे यादगार लम्हा में से एगोनी हs। हमनी के मन में हर शिक्षक खातिर सम्मान होखे के चाहीं।

सरोज कुमार सुभकामना देलें आ कहलें कि हमनी के जिनगी में शिक्षा के बहुत बड जोगदान बा। ऊ कहलें कि समाज के शिक्षित करत अइसही शिक्षा के जोत जरावत रहीं। देस के बढ़न्ती में शिक्षक के जोगदान बहुते जरूरी बा। एह अवसर पs पूर्व जिला पंचायत अखिलेश यादव, डॉ. जितेन्द्र अग्रहरि, संतोष यादव, अरविंद कुमार सिंह, श्रवण कुमार गुप्ता, रणविजय कुमार, मुकेश यादव, दीपू जयसवाल, अखण्ड प्रताप यादव, धर्मेन्द्र उपाध्याय आदि हजारन लोग बधाई दिहल।

Read Also: Gorakhpur News: 10 SDM आ 3 तहसीलदार के ट्रांसफर: DM सभे के कार्यक्षेत्र बदललें

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]