सीएम योगी भतीजी के बियाह में शामिल होखे उत्तराखंड स्थित आपन पैतृक गांव पहुंचले

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 6, 2025

उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ अपना भतीजी के बियाह में शामिल होखे खातीर उत्तराखंड के अपना पैतृक गांव पंचुर पहुंचले। बतावल जा रहल बा कि सीएम योगी अगिला कुछ दिन अपनी गाँव में रहीहें.

Share

सीएम योगी

उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ अपना भतीजी के बियाह में शामिल होखे खातीर उत्तराखंड के अपना पैतृक गांव पंचुर पहुंचले। बतावल जा रहल बा कि सीएम योगी अगिला कुछ दिन अपनी गाँव में रहीहें. बियाह समारोह में शामिल होखे के अलावे सीएम योगी यमकेश्वर महादेव मंदिर के दौरा भी करीहे। सीएम योगी गुरु गोरखानाथ राजकीय महाविद्यालय विथ्याणी परिसर में सौ फीट ऊँच तिरंगा झंडा के उद्घाटन भी करीहे। 

कड़ा सुरक्षा प्रणाली

सीएम योगी के अपना पैतृक गांव में बियाह समारोह में शामिल होखे के जानकारी मिलते स्थानीय प्रशासन गांव में उनुका सुरक्षा के अवुरी कड़ा इंतजाम कs देले बा। सीएम योगी के अपना गांव पहुंचे से पहिले स्थानीय डीएम अपना गांव पहुंच के सभ तैयारी के जायजा लेले। बतावल जाता कि सीएम योगी आदित्यनाथ भी आज (बियफ़ें) गुरु गोरखनाथ महाविद्यालय बिथ्याणी परिसर में जनसभा के संबोधित करीहे। 

योगी आदित्यनाथ शनिचर के दिने यूपी लवट अइहें

भतीजी के शादी में शामिल भइला के बाद सीएम योगी आदित्यनाथ किसान मेला आ विकास प्रदर्शनी में भी शामिल होखीहें. उs पंतनगर विश्वविद्यालय के कृषि मेला के उद्घाटन भी करीहे। बतावल जा रहल बा कि सीएम योगी 8 फरवरी यानी शनिचर के उत्तर प्रदेश वापस आ जइहें। 

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.