[the_ad_group id="30365"]

Chhapra News: डुमरी जुआरा में मेमू ट्रेन के ठहराव मंजूर: 20 गांव के यात्रियन के मिली सुविधा

Chhapra News: डुमरी जुआरा में मेमू ट्रेन के ठहराव मंजूर: 20 गांव के यात्रियन के मिली सुविधा
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Chhapra News: सारण जिला के यात्रियन खातिर राहत के खबर बा। डुमरी जुआरा हाल्ट पs मेमू ट्रेन संख्या 05297/05298 के ठहराव जल्दिये सुरू होखे वाला बा। रेलवे प्रशासन वाणिज्यिक आ परिचालन के आधार पs एह प्रस्ताव के मंजूरी दे देले बा। सांसद आ पूर्व केंद्रीय मंत्री राजीव प्रताप रूडी एकरा के लेके पहल कइले रहस। स्थानीय लोग मंडल रेल प्रबंधक, पूर्व मध्य रेलवे, सोनपुर के पत्र लिखके एह ठहराव के आवश्यकता बतवले रहली। डुमरी जुआरा हाल्ट से करीब 20 गांव के लोग रोजाना यात्रा करते बा।

एकरा के जरूर देखीं: NAZARIA| नजरिया | MADDHIM | PARITOSH TRIPATHI| ARUNA GIRI | PRATIMA YOGI |YAYAWARI VIA BHOJPURI |

एह फैसला से क्षेत्र के हजारन यात्रियन के पटना आ आउर प्रमुख जगहन तक पहुंचावे में आसानी होई।d रेलवे के एकरा से राजस्व में बढ़न्ती के उम्मेद बा। सांसद रूडी कहलें कि निर्णय क्षेत्र के विकास में मददगार साबित होई। ऊ आश्वासन देलें कि ऊ आगे जनहित के मुद्दन के प्राथमिकता से उठावत रहिहें। ई डेग ना खाली यात्रियन के राहत दिही। बलूक क्षेत्रीय कनेक्टिविटी के मजबूत करी। रेलवे प्रशासन एह जन मांग के गंभीरता से लेत सकारात्मक निर्णय लेले बा, एकरा से आम जनता के सीधा लाभ मिली।

Read Also: Aga Khan: ना रहलें शिया धर्मगुरु आ अरबपति आगा खान चतुर्थ, पुर्तगाल में 88 बरिस के उमिर में लेलें अंतिम सांस

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]