[the_ad_group id="30365"]

दिशा छात्र संगठन के ओर से आयोजित कइल गइल प्रतिरोध सभा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दिशा छात्र संगठन के ओर से कल गोरखपुर विश्वविद्यालय में पाठ्यक्रम पूर्ण करावे अउर ‘एण्ड-टर्म’ परीक्षा तिथि ले आगे बढ़वले अउर अन्य समस्या के ले के गेट के सोझे विश्वविद्यालय के छात्र प्रतिरोध सभा कइलें। सभा के बाद दिशा के कार्यकर्ता लोग परीक्षा नियंत्रक अउर प्राक्टर के अपने माँग के समर्थन में ज्ञापन सौंपलें।

कोविड के बाद अभिन ले गोरखपुर विश्वविद्यालय सत्र पटरी पर नइखे लौटल। विश्वविद्यालय प्रशासन अपने लापरवाही के सारा बोझ छात्र पर डाल रहल बा। अभिन नवम्बर ले प्रवेश प्रक्रिया चलत रहल, कि एह बीच अचानक ‘मिड-टर्म’ परीक्षा के घोषणा कs दीहल गइल। विश्वविद्यालय प्रशासन छात्र के भविष्य बर्बाद कइले के एतना जल्दी में बा कि एक तिहाई से भी कम कोर्स पढ़ा के ‘एण्ड-टर्म’ एग्जाम करवले पर आमादा बा। विश्वविद्यालय प्रशासन द्वारा थोपल गइल एह फरमान से ज्यादातर छात्र परेशान बा।

ग़ौरतलब बा कि ई उहे गोरखपुर विश्वविद्यालय जौन लगातार विश्व स्तरीय शिक्षा के बात करsला लेकिन ज़मीनी हक़ीक़त ई बा कि साफ पानी अउर साफ-सुथरा शौचालय के बहुत कमी बा। लाइब्रेरी में पर्याप्त पुस्तक नइखे। प्रयोगशाला के बात कइल बेमानी बा।

छात्रन के आन्दोलन के दबाव में आ के ‘प्रॉक्टर’ आश्वासन दिहले कि साफ पानी, फोटोकॉपी अउर प्रिन्ट के व्यवस्था अउर लाइब्रेरी के जल्दिए दुरुस्त कs दिहल जाई।

आगे एह मांग के लागू न होखले के सूरत में छात्र लोग विश्वविद्यालय प्रशासन के ख़िलाफ़ आन्दोलन अउर ज्यादा जुझारू तरीका से चलवले के निर्णय लिहल गइल बा।

मांग –

1-यूजी अउर पीजी के कोर्स पूरा होखले के बादे End Term Exam करावल जाय।
2- साफ पानी अउर साफ-सुथरा शौचालय के इन्तजाम कइल जाय।
3- परीक्षा परिणाम में हो रहल अनियमितता ख़त्म कइल जाय।
4- पुस्तकालय में नवीन अउर पर्याप्त पुस्तक के व्यवस्था कइल जाय।
5- प्रयोगशाला में नवीनतम उपकरण के व्यवस्था अउर खराब उपकरणन के ठीक करावल जाय।
6- छात्रन खातिर छात्रावास के व्यवस्था कइल जाय।
7- सस्ता दर पs कैण्टीन के व्यवस्था कइल जाय।
8- विश्वविद्यालय में सस्ता दर पर फोटो कॉपी अउर प्रिण्ट के व्यवस्था कइल जाय।
9- विश्वविद्यालय में खाली पड़ल पद के तत्काल भरल जाय।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]