[the_ad_group id="30365"]

ढ़ेर उमिर के दूलहा देख के दुलहिन कइली शादी से इनकार, बोलावे के पड़ल पुलिस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

महराजगंज जिला के पनियरा थाना क्षेत्र के एक गांव में बियफे के रात दुलहिन के शादी से इन्कार कइले पs बरात लौट गइल। जयमाल के दौरान दुलहिन स्टेज पर दूलहा के मुंह देख लिहली। जेसे ऊ शादी से मना कs दिहली। सुक्क के सुबह पुलिस चौकी में समझौता होखले के बाद मामला शांत भइल।

जानकारी के अनुसार, पनियरा थाना क्षेत्र के एगो गांव में बरात आइल रहे। भोजन के बाद जयमाल के रस्म शुरू भइल। दुलहिन के नजर दूलहा के चेहरा पर पड़ल त ऊ नाराज हो गइली अउर दूल्हा के गले में वरमाला डरले बिना ही घर के भितरी चल गइली।

पुछले पर ऊ दूल्हा के अधिक उम्र के होखले के वजह से शादी नाइ कइले के बात कहलें। दुलहिन पहिले दूल्हा के नाइ देखले रहली। ऊ मोबाइल से वीडियो कॉल कs के दूल्हा के देखवले के बात कइले रहनें, लेकिन एहूसे इन्कार कs दिहल गइल रहल।

दुल्हन के शादी से इन्कार कइले के जानकारी मिलतही बरातियन में खलबली मच गइल। गांव के लोग समझवले के कोशिश कइल, लेकिन दुलहिन तैयार नाइ भइली। बियफे के रात में पुलिस के जानकारी भइल त वर पक्ष से कुछ लोग के पुलिस चौकी बुलावल गइल।

सुक्क के सुबह दूनों पक्ष के बीच समझौता भइल। शादी में लागल खर्च के वर पक्ष देवे के बात कहलस, एकरे बादे सहमति बनल। चौकी प्रभारी मुजुरी नीरज यादव बतवलें कि दूनो पक्ष में समझौता हो गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]