[the_ad_group id="30365"]

भारत, अमेरिका के सहजोगी ना, बलुक एगो आउर महान शक्ति बनके उभरी, 20 सालन में तेजी से मजबूत भइल संबंध: व्हाइट हाउस अधिकारी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

व्हाइट हाउस के शीर्ष अधिकारी कर्ट कैंपबेल बियफे के कहलें कि भारत, अमेरिका के एगो सहजोगी नइखे, बलुक एगो आउर महान शक्ति बनके उभरी।

ऊ कहलें कि पिछला 20 बरिस में भारत आ अमेरिका के द्विपक्षीय संबंध जेतना तेजी से मजबूत आ गहिराह भइल बा, ओइसन कवनो आउर द्विपक्षीय संबंध के संगे नइखे भइल।

‘ऐस्पन सिक्योरिटी फोरम’ के वाशिंगटन में आयोजित एगो बैठक में भारत के संदर्भ में कइल गइल एगो सवाल के जवाब में व्हाइट हाउस के एशिया मामलन के समन्वयक कैंपबेल कहले कि उनकर मानल बा कि 21वीं सदी में भारत के संगे द्विपक्षीय संबंध अमेरिका खातिर सबसे महत्वपूर्ण बा।

भारत-अमेरिका में 20 साल में तेजी से संबंध भइल मजबूत’

व्हाइट हाउस के शीर्ष अधिकारी कहलें, ई एगो तथ्य हs कि हमनी के पिछला 20 साल में अमेरिका आ भारत जइसन कवनो द्विपक्षीय संबंध नइखी देखले सs जवन एतना तेजी से गहिराह आ मजबूत हो रहल बा।” ऊ कहलें कि अमेरिका के अपना क्षमता के आउर इस्तेमाल करे के जरूरत बा आ प्रौद्योगिकी अउर मुद्दन पर एक संगे काम करत लोगन के बीचे आपसी संपर्क कायम करे के आवश्यकता बा।

कैंपबेल कहलें, ”भारत, अमेरिका के एगो सहजोगी ना होई। ऊ एगो स्वतंत्र, शक्तिशाली देस बने के इच्छा रखत बा आ ऊ एगो आउर महान शक्ति बनके उभरी …” कैंपबेल कहलें, हमनी के मानल बा कि ई एगो अइसन रिश्ता हs जेमे कुछ महत्वाकांक्षा होखे के चाहीं। हमनी के ओह क्षेत्रन पर गौर करे के चाहीं, जहां हमनी के एक साथे काम कर सकत बानी सs, चाहे ऊ अंतरिक्ष होखे, शिक्षा होखे, जलवायु होखे भा प्रौद्योगिकी। हमनी के एह दिशा में आगे बढ़े के चाहीं।”

ऊ कहलें, जदि रउआ पिछला 20 बरिसन पर नजर डालेम आ ओह बाधा पर गौर करेम जेकनी ने पार कइल गइल आ हमनी दुनो पक्षन के बीच संबंधन के गहराई देखेम तs ई उल्लेखनीय बा।” ऊ जोर देके कहलें कि भारत-अमेरिका संबंध खाली चीन के लेके चिंता के कारण नइखे बनल। कैंपबेल कहलें, ” ई हमनी के समाजन के बीचे महत्वपूर्ण तालमेल पर आधारित बा।”

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]