[the_ad_group id="30365"]

मोटापा के कारण गर्भवतियन में मौत के जोखिम कम 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मोटापा के कारण गर्भवतियन में मौत के जोखिम कम

महिला आ ओकर गर्भावस्था के लेके अक्सर नया-नया शोध सोझा आवत रहेला। अब शोधकर्ता लो मोटापा आ महिला लो के गर्भावस्था के लेके चउकावे आला दावा कइले बा। एगो हालिया अध्यन्न के निष्कर्ष में शोधकर्ता लो पावल कि गर्भवती महिला लो में मृत्य दर रोके में मोटापा जिम्मेदार हो सकेला। एतने ना जिनगी में तनिका देर से मां बने के योजना मातृत्व मृत्यु दर में कमी ला सकेला। ‘एडिनबर्ग विश्वविद्यालय’ के शोधकर्ता लो बतावल कि ब्रिटेन में पिछला क़ुछ दशकन में मोटापा के दर तेजी से बढ़ल बा।करीब एक चउथाई महिला मोट भइल बा लो।

मोटापा के गर्भवती महिला लो पs पड़े वाला प्रभावन के जांच करे ला शोधकर्ता लो स्कॉटलैंड के करीब साढ़े 7 लाख लोग से बेसी ममिलन पs विश्लेषण कइल। ई सब आंकड़ा पिछिला 14 बरिस में जुटावल गइल रहे। शोधकर्ता लो बतावल कि ब्रिटेन में प्रसव के दौरान भा गर्भवती होखला पs मरे के जोखिम कम भइल बा।

मां बने के औसत उमिर में बढ़न्ती दर्ज कइल गइल

शोधकर्ता लो बतावल कि ब्रिटेन में महिला लो में मां बने के उमिर में बढ़न्ती भइल बा। पहिले के कुछ दशकन में मां बने के औसत आयु 32 बरिस रहे, जवन अब बढ़ के 34 बरिस हो गइल बा। एकर मतलब ई बा कि महिला लो देर से बच्चा करे के योजना बना रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]