[the_ad_group id="30365"]

मंकीपॉक्स के लेके केंद्र के गाइडलाइन, 21 दिन के आइसोलेशन अउरी घाव के ढकल जरूरी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मंकीपॉक्स के बढ़त मामला के देखत केंद्र सरकार जरूरी गाइडलाइंस जारी कइले बा। एहमें 21 दिन के आइसोलेशन, घाव के ढक के रखल अउरी ट्रिपल लेयर के मास्क पहिनल शामिल बा। एकरे अलावा सरकार मंकीपॉक्स के जांच खातिर टेस्टिंग किट अउरी वैक्सीन बनावे खातिर देशभर में टेंडर निकलले बा।

देश में अब ले मंकीपॉक्स के 4 केस सामने आ चुकल बा। एमें से 3 मरीज केरल में अउरी 1 दिल्ली में मिलल बाने। सब संदिग्‍धन के सैंपल नेशनल इंस्टीट्यूट ऑफ वायरोलॉजी, पुणे भेज देहल गईल बा। हालांकि, अभिन ले रिपोर्ट नाइ आईल बा।

स्वास्थ्य मंत्रालय के गाइडलाइन:

मंकीपॉक्स संक्रमित रोगी के 21 दिन ले क्वारंटाइन रहे के होई।

चेहरा पर मास्क पहिनले के साथ-साथ हाथ के धोअत रहीं। मास्क तीन लेयर वाला पहिने के चाहीं।

घाव के पूरा तरह से ढकके रखीं। पूरी तरह से ठीक होखले ले अस्पताल में रहे के होई।

अस्पताल के वार्ड में भर्ती संक्रमित रोगी चाहे संदिग्ध रोगी के कौनों दूषित चीज के संपर्क में आवे वाले स्वास्थ्य कर्मियन के तब ले ड्यूटी से बाहर नाइ करे के चाहीं, जब ले ओमें कौनों लक्षण विकसित न होखे। हालांकि, अइसे मे स्वास्थ्य कर्मचारियन के 21 दिन ले निगरानी बहुत जरूरी बा।

मंकीपॉक्स मरीज के संपर्क में आवे, ओसे शारीरिक संपर्क बनावे या फिर ओकरे आसपास दूषित चीज जइसे कपड़ा, बिस्तर आदि के संपर्क में अइला पर संक्रमण फइल सकत बा। एसे बचल बहुत जरूरी बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]