[the_ad_group id="30365"]

RBI MPC: रिजर्व बैंक लगातार नउवां बेर रेपो रेट के 6.5% पर इस्थिर रखलस, 18 महीनन से ब्याज दरन में बदलाव ना

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारतीय रिजर्व बैंक के मौद्रिक नीति समिति तीन दिन के बैठक के बाद रेपो रेट के मवजूदा दर 6.5% पs बरकरार रखे के फैसला कइले बा। आरबीआई गवर्नर शक्तिकांत दास बियफे के एकर जानकारी देलें। ऊ बतवलें कि मौद्रिक नीति समिति 6, 7 आ 8 अगस्त के भाई बैठक में 4:2 के बहुमत से नीतिगत ब्याज दर मानेरेपो रेट के 6.5% पs अपरिवर्तित रखे के फैसला कइलस। रेपो रेट में फरवरी 2023 से कवनो बदलाव नइखे कइल गइल।

एमपीसी लगातार नउवां बैंठक में रेपो रेट के 6.5% पs इस्थिर रखे के फैसला कइले बा। एमपीसी के फैसलन के एलान के बाद अब एगो बात साफ हो गइल कि आम आदमी के ऋण के ईएमआई पs फिलहाल कवनो राहत नइखे मिले वाला।

एमपीसी के फैसलन के जानकारी देत आरबीआई गवर्नर कहलें कि वैश्विक स्तर पs अस्थिरता दिख रहल बा। हालांकि दुनियाभर में महंगाई में कमी आ रहल बा। सेंट्रल बैंक अर्थव्यवस्था के इस्थिति के आधार पs ब्याज दरन पs फैसला ले रहल बाड़ें सs। घरेलू अर्थव्यवस्था में मजबूती कायम बा। सर्विस सेक्टर के प्रदर्शन बहुते बेहतर भइल बा। सेवा क्षेत्र आ निर्माण क्षेत्र में मजबूती जारी बा। आरबीआई गवर्नर बतवलें कि वित्तीय बरिस 2024-25 में जीडीपी 7.2% बरकरार रहे के अनुमान बा।

मौद्रिक नीति समिति के पिछका बैठक जवन जून में भइल रहे। एमपीसी के छव में से चार सदस्य रेपो दर के अपरिवर्तित रके के पक्ष में मतदान कइले रहे लो। जयंत वर्मा आ आशिमा गोयल नीतिगत रेपो दर में 25 आधार अंकन के कटौती आ रुख में बदलाव खातिर मतदान कइले रहे लो।

महंगाई पs का बोलले आरबीआई गवर्नर शक्तिकांत दास?

आरबीआई गवर्नर शक्तिकांत दास कहले कि महंगाई के लेकर केंद्रीय बैंक सतर्क बा। उम्मीद बा कि मुद्रास्फीति कम होई। ऊ कहलें कि महंगाई दर चार फीसदी पs ले आवे के आरबीआई के कोसिस जारी बा। दास कहलें कि खाद्य महंगाई दर अभियो चिंताजनक इस्थिति में बा। मौद्रिक नीति समिति वित्तीय वर्ष (FY25) खातिर महंगाई पs अपना पूर्वानुमान के 4.5 प्रतिशत पs इस्थिर रखे के फैसला कइले बा। एमपीसी के बैठक में खाद्य पदार्थन के बढ़त कीमतन पs सावधानी बरते के बात कहल गइल।

केंद्रीय बैंक के अनुमान बा कि चालू वित्त बरिस के दूसरका, तीसरका आ चउथा तिमाही में मुद्रास्फीति क्रमश: 4.4 प्रतिशत, 4.7 प्रतिशत आ 4.3 प्रतिशत रही। आरबीआई गवर्नर कहलें कि विकास दर में तेजी बरकरार रही। गवर्नर कहलें कि साउथ वेस्ट मानूसन अब तक बेहतर बा। खरीफ के बुवाइयो अच्छा बा। दास कहलें, ‘हमनी के बाजार के उम्मीदन आ आरबीआई के नीतियों के बीच बढ़िया मात्रा में तालमेल देख रहल बानी सs।’

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]