[the_ad_group id="30365"]

मुकेश अंबानी के एलान- 5G इन्फ्रास्ट्रक्चर खड़ा कइलें में Jio के मदद करी अमेरिका के कंपनी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

देश के सबसे बड़ कंपनी रिलायंस इंडस्ट्रीज के सलाना आम बैठक शुरू हो गईल बा।  कंपनी के एह 45वीं एजीएम के रिलायंस इंडस्ट्रीज के चेयरमैन मुकेश अंबानी वीडियो कॉन्फ्रेंसिंग के जरिए संबोधित कर रहल बानें। RIL के निवेशकन के संगे-संगे कॉरपोरेट जगत के भी नजर रिलायंस इंडस्ट्रीज के एजीएम पर टिकल बा।

सोलर पीवी मैन्युफैक्चरिंग फैक्ट्री में 2024 से उत्पादन होई शुरू

मुकेश अंबानी एजीएम के दौरान कहलें कि सोलर पीवी मैन्युफैक्चरिंग खातिर हमनीके आरईसी सोलर के अधिग्रहण कइलें बानी जा। जामनगर में आरईसी तकनीक पs आधारित हमनी के 10GW सोलर पीवी सेल अउर मॉड्यूल फैक्ट्री, 2024 ले उत्पादन शुरू कs देई अउर 2026 ले 20GW क्षमता बढ़ जाई।

अंबानी पावर इलेक्ट्रॉनिक्स खातिर नया गीगा फैक्ट्री के कइलें घोषणा

एजीएम के दौरान मुकेश अंबानी कहलें  पिछला साल हम जामनगर में धीरूभाई अंबानी ग्रीन एनर्जी गीगा कॉम्प्लेक्स के स्थापना के घोषणा कइलें रहलीं, ताकि चार गीगा फैक्ट्री स्थापित कइल जा सकें। आजु, हम पावर इलेक्ट्रॉनिक्स खातिर हमनी के नया गीगा फैक्ट्री के घोषणा कइल चाहतनी।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]