[the_ad_group id="30365"]

रिलायंस इंडस्ट्रीज के एजीएम आज, 5जी लॉन्चिंग अउरी जियो आईपीओ पर हो सकsता बड़ एलान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

रिलायंस इंडस्ट्रीज के 45वीं एजीएम के बैठक सोमार के दुपहर 2 बजे से शुरू होई। रिलायंस इंडस्ट्रीज के मुखिया मुकेश अंबानी एह एजीएम के वीडियो क्रॉन्फ्रेंसिंग के माध्यम से संबोधित करिहें। सोशल मीडिया के कई प्लेटफाॅर्म्स पर भी एह एजीएम के प्रसारण होई। कारोबार जगत के नजर एह एजीएम पर बनल बा। एह बैठक के एजेंडा के ले के कयास लगावल जा रहल बा। मानल जा रहल बा कि एह बेर के एजीएम में कई गो बड़ घोषणा कइल जा सकेला। जेहमें रिलायंस जियो के आईपीओ से ले के रिलायंस रिटेल के आईपीओ के घोषणा शामिल बा।

एहमें एजीएम में 5जी मोबाइल सर्विस लॉन्च कइलें के घोषणा भी हो सकsता। बता देईं कि एसे पहिले 2019 के एजीएम बैठक में कंपनी के चेयरमैन मुकेश अंबानी अगले पांच बरिस में रिलायंस जियो अउरी रिलायंस रिटेल के स्टॉक एक्सचेंज पर लिस्टिंग करवलें के बात कहले रहनें।

एजीएम के प्रसारण में लेटेस्ट तकनीक के होई इस्तेमाल

रिलायंस इंडस्ट्रीज के ई एजीएम सोशल मीडिया के कई प्लेटफॉर्म पs वर्चुअल रियल्टी प्लेट फाॅर्म पर भी प्रसारित कइल जाई। एह दौरान ऑमेंटेल, रियल्टी, वर्चुअल रियल्टी अउर मिक्स्ड रियल्टी तकनीक के इस्तेमाल कइल जाइ।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]