[the_ad_group id="30365"]

Sargam Koushal: सरगम कौशल जीतली मिसेज वर्ल्ड के खिताब, 21 साल बाद कवनो भारतीय अपना नावे कइली ताज

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सरगम कौशल मिसेज वर्ल्ड 2022 के खिताब अपना नामे कs लेले बाड़ी। 2021 के विजेता रहल अमेरिका के शायलिन फोर्ड अतवार के वेस्टगेट लास वेगास रिजॉर्ट एंड कसीनो में आयोजित एगो समारोह में उनका के ताज पहनवली।

एह प्रतियोगिता में मिसेज पोलिनेशिया के फर्स्ट रनर-अप आ उनका बाद मिसेज कनाडा के सेकेंड रनर-अप घोषित कइल गइल। एकर जानकारी मिसेज इंडिया पेजेंट अतवार के अपना आधिकारिक इंस्टाग्राम पेज पs देली। पेज पs सरगम के फोटो के संगे कैप्शन में लिखल गइल बा, ”लमहर इंतजार खतम हो गइल बा। 21 साल बाद ताज हमनी के लगे वापस आ गइल बा।”

समारोह के बाद एगो वीडियो में जम्मू-कश्मीर के रहे वाली मिसेज वर्ल्ड कहली, “हमनी के 21-22 साल बाद ताज वापस मिलल बा। हम बहुत उत्साहित बानी। लव यू इंडिया, लव यू वर्ल्ड।”साल 2001 में मिसेज वर्ल्ड के ताज भारत ले आवे वाली अदाकारा-मॉडल अदिति गोवित्रिकर सरगम के एह जीत पs खुस नजर आइल। ऊ सरगम के टैग करत लिखली, ”हार्दिक बधाई सरगम कौशल एह यात्रा के हिस्सा बनला खातिर बहुते खुस बानी.. 21 साल बाद ताज वापस आ गइल बा।”

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]