[the_ad_group id="30365"]

फार्मेसी के पढ़ाई शुरू कराई पुनर्वास विश्वविद्यालय, जल्दिए काउंसिल मे कइल जाई आवेदन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

फार्मेसी के क्षेत्र में बढ़ रहल संभावना के देखत डॉ. शकुंतला मिश्रा राष्ट्रीय पुनर्वास विश्वविद्यालय में एकर पढ़ाई के कवायद शुरू हो गइल रहे। एकर उप निदेशक नामित कs के विस्तृत प्रस्ताव तैयार करे खातिर कहल गइल बा। जल्दिए विवि शासन अउर फार्मेसी काउंसिल में आवेदनो करिहें।

कोरोना काल के बाद विद्यार्थियन के फार्मेसी में रुझान बढ़ल बा। एके देखत कई विश्वविद्यालय एकर पढ़ाई शुरू कइले बा। अब पुनर्वास में कवायद शुरू हो गइल बा। रजिस्ट्रार रोहित सिंह के ओर से जारी सूचना में कहल गइल कि विवि स्ववित्तपोषित योजना में एह रोजगारपरक पाठ्यक्रम के शुरू करी।

एकरे इंस्टीट्यूट ऑफ फार्मेसी के स्थापना कs के ओसे संबंधित कोर्स चलावे, फार्मेसी काउंसिल ऑफ इंडिया (पीसीआई) से औपचारिकता पूरा करे अउर दुसरे काम खातिर आईटी विभाग के डॉ. दिनेश कुमार सिंह के उप निदेशक नामित कइलें। ऊ एसे संबंधित प्रक्रिया पूरा कs आवेदन करिहें।

कुलपति प्रो. राणा कृष्णपाल सिंह कहनें, हमनीं के अगिले सत्र से बीफार्मा अउर डीफार्मा के पढ़ाई शुरू करे के इच्छुक बानीं जा। जल्दी एकर प्रस्ताव शासन अउर पीसीआई के भेजल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]