[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर: 27 हजार लइकन के खाता में जल्दी पहुंची यूनिफार्म के धनराशि, लागी विशेष कैंप

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

आधार कार्ड के अभाव में यूनिफार्म के धनराशि के इंतजार कs रहल जिला के 27 हजार लइकन के जल्दिए ई राशि मिली। एह लइकन के आधार कार्ड बनवा के शिक्षा विभाग डीबीटी के माध्यम से इनके खाता में धनराशि भेज देई। जेकरे बाद जिला के सब तीन लाख 60 हजार लइकन के योजना के लाभ देहल जाई।

राज्य परियोजना निदेशक के निर्देश के अंतर्गत जिला के 197 न्याय पंचायत में सप्ताह भीतर बचवन के आधार बनावे खातिर शिविर लागी। जेमें परिषदीय स्कूलन के छूटल लइकन के संगे-संगे बाहरी लइके भी आधार बनवा पइहें। एकरे खातिर राज्य परियोजना श्रीटान इंडिया से अनुबंध कइले बा।

कंपनी के टीम सब चिह्नित न्याय पंचायत में बिहाने से ले के साँझ ले लइकन के आधार कार्ड बनाई। ताकि जल्दी से जल्दी उनके खाता मे धनराशि प्रेषित कइल जा सकी। समय से काम पूरा करे खातिर कंपनी के बेसिक शिक्षा विभाग पहिलही संबंधित स्कूलन के शिक्षकन के नाम अउर मोबाइल नंबर समेत ब्योरा उपलब्ध करा चुकल बा। बीएसए रमेंद्र कुमार सिंह बतवलें कि आधार बनले के संगे छूटल लइकन के खाता में विभाग धनराशि भेज दीहल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]