Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

10 हजार से सस्ता में किनी मोटोरोला के ई स्मार्टफोन्स, दमदार फीचर्स से बावे लैस

2,478

Motorola Smartphones Under 10,000 : फ्लिपकार्ट प ज्लदिये बिग बिलियन डेज सेल के शुरुआत होखे वाला बा। एह सेल के दौरान कंपनी अपना कस्टमरन के तरे-तरे के डील्स आ  डिस्काउंट देवे वाली बिया। एह स्टोरी में हम सेल के दौरान मोटोरोला के स्मार्टफोन्स पs देहल जाये वाला ऑफर्स के बात करे वाला बानी। एह सेल के दौरान रउआ मोटोरोला के चुनिंदा स्मार्टफोन्स के  10 हजार रुपियो से कम कीमत पs किन सकेनी। Flipkart सेल के दौरान कइयन तरे के बैंक ऑफर्स देखे के मिले वाला बा। एह ऑफर्स के बाद रउआ एह स्मार्टफोन्स के अउरियो सस्ता कीमत प किन सकेनी।

Moto E40

मोटोरोला के E40 एगो बजट सेगमेंट के स्मार्टफोन हs। एह स्मार्टफोन के कीमत 10,999 रुपिया बा। बाकिर, सेल के दौरान रउआ एह स्मार्टफोन के मात्र 8,099 रुपिया में किन सकेनी। एह बजट सेगमेंट स्मार्टफोन में कंपनी Unisoc T700 चिपसेट के इस्तेमाल कइले बिया। ओहिजा जदि एकर  डिस्प्ले के बात करीं तs एमे 6.5 इंच के एगो बड़ डिस्प्ले दिहल गइल बा। Moto E40 में 4GB रैम के संगे 64GB इंटरनल स्टोरेज के सपोर्ट दिहल गइल बा। कंपनी एह स्मार्टफोन में ट्रिपल कैमरा सेटअप देले बिया। एकर प्राइमरी कैमरा 48MP के बा।

Moto G32

मोटोरोला G32 एगो मिड रेंज स्मार्टफोन हs। एह स्मार्टफोन के कीमत 16,999 रुपिया बा बाकिर Flipkart सेल के दौरान रउआ एह स्मार्टफोन के मात्र 9,899 रुपिया में किन सकेनी।  Moto G32 में 4GB रैम के संगे 64GB इंटरनल स्टोरेज के सपोर्ट दिहल गइल बा। ई स्मार्टफोन एगो बड़ 6.55 इंच फुल HD+ डिस्प्ले के संगे आवेला। बता दीं कि मोटो अपना एह स्मार्टफोन में Snapdragon 680 चिपसेट के इस्तेमाल कइले बिया। ई एगो निम्मन प्रॉसेसर बा। कैमरा के बात करीं तs एकर प्राइमरी कैमरा 50MP के बा।

Moto G31

मोटोरोला के G31 एगो मिड रेंज सेगमेंट के स्मार्टफोन हs। एकर कीमत 13,999 रूपिया बा बाकिर सेल के दौरान एह स्मार्टफोन के 9,499 रुपिया में किनल जा सकत बा। एह स्मार्टफोन में MediaTek Helio G85 चिपसेट के इस्तेमाल कइल गइल बा। ओहिजा एकर स्टोरेज पs नजर डालल जाव तs एमे 6GB तक रैम के संगे 128GB तक इंटरनल स्टोरेज मिल जाला। Moto G31 में 6.4 इंच के फुल HD+ डिस्प्ले आ 50MP प्राइमरी कैमरा जइसन फीचर्स देखे के मिल जाला।

337500cookie-check10 हजार से सस्ता में किनी मोटोरोला के ई स्मार्टफोन्स, दमदार फीचर्स से बावे लैस

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.