Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

एयरपोर्ट अथॉरिटी ऑफ इंडिया में साढ़े पांच सौ से ज्यादा पद पर भर्ती, आज से कs सकेनीं आवेदन

98

भारतीय विमानपत्तन प्राधिकरण में जूनियर एग्जीक्यूटिव के 596 पद पर भर्ती खातिर अधिसूचना जारी कइल गइल बा।। इच्छुक उम्मीदवार आधिकारिक वेबसाइट aai.aero पर जा के ऑनलाइन आवेदन कs सकतनें। आवेदन प्रक्रिया 22 दिसंबर 2022 से शुरू होई। उम्मीदवार 21 जनवरी 2023 ले अर्जी दे सकतनें।

AAI Recruitment आयुसीमा,पात्रता

भारतीय विमानपत्तन प्राधिकरण में जूनियर एग्जीक्यूटिव के पद पर  आवेदन करे वाले उम्मीदवारन के अधिकतम आयु 27 बरिस निर्धारित के गई है। आयु के गणना 21 जनवरी, 2023 के अनुसार होई। भारतीय विमानपत्तन प्राधिकरण में जूनियर एग्जीक्यूटिव के पद पर आवेदन करे वाले उम्मीदवारन के लग्गे मान्यता प्राप्त विश्वविद्यालय से इंजीनियरिंग/टेक्नोलॉजी में सिविल/इलेक्ट्रिकल/इलेक्ट्रॉनिक्स आदि विषय में डिग्री अउर दूसर निर्धारित पात्रता होखे के चाहीं।

AAI Recruitment चयनप्रक्रिया 

गेट-2020/2021/2022 में प्राप्त अंकों के आधार पर शॉर्टलिस्ट कइल गइल अभ्यर्थियन मूल दस्तावेज के सत्यापन खातिर बुलावल जाई। चयन से संबंधित विस्तृत जानकारी खातिर ऑफिशियल नोटिफिकेशन अवश्य देखीं। योग्य अभ्यर्थी 22 दिसंबर, 2022 से लेकर 21 जनवरी, 2023 ले ऑनलाइन माध्यम से आवेदन कर सकतनें।

AAI Recruitment आवेदन शुल्क

भारतीय विमानपत्तन प्राधिकरण  में जूनियर एग्जीक्यूटिव के पद पर आवेदन करे वाले उम्मीदवारन के 300 रुपया के आवेदन शुल्क देवे के होई।

AAI Recruitment पद के संख्या

  • कनिष्ठ कार्यकारी (इंजीनियरिंग- सिविल) 62
  • कनिष्ठ कार्यकारी (इंजीनियरिंग- इलेक्ट्रिकल) 84
  • कनिष्ठ कार्यकारी (इलेक्ट्रॉनिक्स) 440
  • कनिष्ठ कार्यकारी (आर्किटेक्चर) 10

ऑनलाइन करे के तिथि

ऑनलाइन आवेदन शुरू होने के तारीख 22 दिसंबर 2022
ऑनलाइन आवेदन जमा करे के आखिरी तारीख 21 जनवरी 2023
दस्तावेज सत्यापन के तिथि आधिकारिक वेबसाइट पर घोषित के जाई।

418050cookie-checkएयरपोर्ट अथॉरिटी ऑफ इंडिया में साढ़े पांच सौ से ज्यादा पद पर भर्ती, आज से कs सकेनीं आवेदन

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.