[the_ad_group id="30365"]

शीतलहर के बीच एह राज्य में बारिश के आसार, अभिन बिगड़ी हालात, पढ़ीं अपडेट्स

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

देश के कई इलाकन में कड़ाका के ठंड लोग के परेशान कइल शुरू कs दिहले बा। खासकर उत्तर अउर पूर्वी भारत के कई राज्य अइसन बा जहवाँ सुबह से लेकर दोपहर ले कोहरा ही कोहरा नजर आ रहल बा। सड़क पर गाड़ी रेंगत दिखाई दे रहल बा। आए दिन तापमान में गिरावट देखे के मिल रहल बा।
मौसम के पहिला जबरदस्त ठंड लोग के घर में दुबकले पर मजबूर कs दिहले बा। उहवें बाजार में दुकानदार अलाव जला के ठंड से बचत देखल गइलें। मंगर के भोरे से पसरल घन कोहरा के चलते ठंडक अउर बढ़ गइल। एतनही नाइ, एह ठंड के बीच कई राज्य में बरखो लोग के परेशान कs दिहले बा। आईं जानल जाव, आजु के मौसम के ताजा हाल अउर आपके शहर में तापमान में गिरावट के स्थिति-

एह राज्यन में शीतलहर के प्रकोप 

देश में 23 दिसंबर से शीतलहर के प्रकोप देखे के मिल सकsता। मौसम विभाग के मानल जाव त अगिले पांच दिन ले दिल्ली, हिमाचल, पंजाब, हरियाणा, उत्तराखंड अउर उत्तरी राजस्थान में शीतलहर के असर देखे के मिल सकsता। बिहाने हवा के रफ्तारो तेज होई।

ठंड के मौसम में एह राज्यन में  बारिश के आसार

मौसम विभाग के मुताबिक आज अंडमान निकोबार द्वीप समूह के कई स्थान पर हलुक से मध्यम बारिश के संभावना जतावल गइल बा। एकरे अलावा केरल, कर्नाटक, तमिलनाडु, आंध्र प्रदेश अउर ओडिशा सहित महाराष्ट्र में भी गरज के साथ बारिश के चेतावनी जारी कइल गइल बा। देश के बाकी हिस्सा में मौसम शुष्क बनल रही। पूर्वोत्तर भारत के बिहार अउर पूर्वी उत्तर प्रदेश में कुछ मध्यम कोहरा रहले के भविष्यवाणी कइल गइल बा।

दिल्ली में तापमान में गिरावट

राष्ट्रीय राजधानी दिल्ली में बिहाने आठ बजे तापमान गिरकर 8 डिग्री ले पहुंच गया है। उहवें इहां आजु अधिकतम तापमान 21 त न्यूनतम सात डिग्री रही। राजधानी में जौने तरह से तापमान में गिरावट हो रहल बा, ओसे साफ लागsता कि आवे वाले दिन मुश्किल भरल होई।

आईं जानल जाव सात प्रमुख शहरन के तापमान

शहर न्यूनतम तापमान अधिकतम तापमान
दिल्ली 6 डिग्री सेल्सियस 21 डिग्री सेल्सियस
लखनऊ 10 डिग्री सेल्सियस 25 डिग्री सेल्सियस
पटना 12 डिग्री सेल्सियस 26 डिग्री सेल्सियस
शिमला -2 डिग्री सेल्सियस 11 डिग्री सेल्सियस
देहरादून 7 डिग्री सेल्सियस 19 डिग्री सेल्सियस
मसूरी -4 डिग्री सेल्सियस  8 डिग्री सेल्सियस
श्रीनगर -2 डिग्री सेल्सि
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]