Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

देवरिया: संगम तट पर तेज भइल सरयू नदी के बहाव, कटान भइल तेज, बचाव में जुटल पूरा विभाग

137

देवरिया जिला के बरहज क्षेत्र के कपरवार संगम तट पर सरयू नदी उग्र हो गइल बाड़ी। तेज कटान होखले के चलते सोमार के करीब चार घंटा में नदी 20-25 मीटर जमीन के अपने बहाव में ले लिहले बा। हालांकि, हो रहल कटान से नयका बन्हा पर खतरा मंडरा रहल बा। एके ले के बाढ़ खंड विभाग बचाव के काम तेज कs दिहले बा।

बिहाने आठ बजे सरयू के कटान तेज हो गइल। कपरवार के गंगा यादव के खेत के पच्छिम अउर दक्खिन के छोर पर नदी तेजी से कटान करे लागल। करीब 12 बजे ले 20-25 मीटर जमीन नदी के धारा में विलीन हो गइल। एहसे हाहाकार मच गइल।

जानकारी भइला पर बाढ़ खंड विभाग के जेई नागेंद्र सिंह पहुंच गइलें। ऊ कटान क्षेत्र पर तेजी से बचाव काम शुरू करा दिहल गइल। कटान के रोके खातिर नदी के धारा में जियो बैग के बोरी आदि डारल जा रहल बा। नदी में कटान से तटवर्ती गांव के लोग के मुश्किल बढ़ गइल बा।

गाँव के कहनाम बा कि सरयू सीधे राप्ती के ओर रुख कs रहल बा। एहसे मुहाना पर कटान तेज हो गइल बा। कटान अगर जारी रहल त नदी रामजानकी मार्ग के लग्गे पहुंच जाई। नदी के कटान से गांव के बचावे खातिर करीब 59 करोड़ के लागत से विभाग कटइलवा से संगम तट ले नयका बंधा बनावल गइल बा।

पिछले एक पखवारा से सरयू के करवट लेहले से कपरवार संगम तट स्थित गंगा यादव के खेत के पच्छीम अउर दक्खिन छोर पर नदी बेतहाशा कटान कs रहल बा। नवीन बांध के लगहू कुछ जगह पर नदी कटान कs रहल बा। एहसे दर्जन के संख्या में पार्कोपाइन अउर जियो बैग के बोरी बह गइल बा।

बालू खनन के बतावल जा रहल बा कटान के वजह

बरहज के कपरवार संगम तट पर नदी में हो रहल बेतहाशा कटान के वजह लोग गोरखपुर जनपद के नदी में बह चुकल कोलखास गांव पर सरकारी खनन के बता रहल बानें। एह घरी नदी उत्तरायण होत जा रहल बिया। नदी के धारा बदलले से सरयू सीधे राप्ती पर दबाव बनावत बह रहल बिया।

कटान के चलते जहां कपरवार के कुवाइच टोला सहित रामजानकी मार्ग पर खतरा मंडरा रहल बा, उहवें, दू से तीन किलोमीटर दक्खिन बहे वाली नदी उत्तर के रुख कs रहल बा। दक्खिन के छोर पर नदी पाट पर करीब 500 मीटर सिल्ट के परत जम गइल बा।

‘नदी के धारा उग्र होखले से कटान हो रहल बा। बचाव कार्य तेज करा दिहल गइल बा। जल्दिए हालात पs काबू पा लिहल जाई। लोग के डेरइले के जरूरत नइखे।’
-अशोक द्विवेदी, सहायक अभियंता

415610cookie-checkदेवरिया: संगम तट पर तेज भइल सरयू नदी के बहाव, कटान भइल तेज, बचाव में जुटल पूरा विभाग

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.