एजुकेशन डेस्क। UP Police SI Result 2026 के इंतजार अब ओरा गइल बा। उत्तर प्रदेश पुलिस भरती आ प्रोन्नति बोर्ड (UPPRPB) 2026 के सब-इंस्पेक्टर (SI) भर्ती परीक्षा के अंतिम रिजल्ट जारी कs देले बा। एह भरती प्रक्रिया में कुल 4,543 अभ्यर्थी सफल भइल बा लोग। उम्मीदवार आधिकारिक वेबसाइट uppbpb.gov.in पs जा के अंतिम मेरिट लिस्ट आ कटऑफ मार्क्स के PDF डाउनलोड कs सकत बा लो।
UP Police SI Result 2026 : मेरिट लिस्ट PDF एह तरे डाउनलोड करीं
- जदि रउआ अंतिम मेरिट लिस्ट देखे के चाहत बानी तs नीचे बतावल आसान स्टेप फॉलो करीं।
- आधिकारिक वेबसाइट uppbpb.gov.in पs जाईं।
- UP Police SI Final Merit List 2026 PDF लिंक पs क्लिक करीं।
- स्क्रीन पs मेरिट लिस्ट खुल जाई।
- PDF डाउनलोड कs के सुरक्षित सेव करीं।
- भविष्य खातिर एकर प्रिंटआउट निकाल ली।
UP Police SI Cut Off 2026
यूपी पुलिस एसआई भरती 2026 के कटऑफ मार्क्स जारी कs दिहल गइल बा। अलग-अलग वर्ग खातिर कटऑफ एह तरे बा।
| वर्ग | कटऑफ मार्क्स |
|---|---|
|
सामान्य (General) |
369.878 |
| अन्य पिछड़ा वर्ग (OBC) | 364.56 |
| ईडब्ल्यूएस (EWS) | 364.41 |
| अनुसूचित जाति (SC) | 350.91 |
| अनुसूचित जनजाति (ST) | 334.65 |
कटऑफ PDF डाउनलोड करे के तरीका
- कटऑफ मार्क्स डाउनलोड करे खातिर ई स्टेप अपनाईं।
- uppbpb.gov.in पs जाईं।
- UP Police SI Cut Off 2026 PDF लिंक पs क्लिक करीं।
- कटऑफ PDF डाउनलोड करीं।
- फाइल सेव कs के भविष्य खातिर हार्ड कॉपी निकाल लीं।
4543 पद पs भइल चयन
एह भरती अभियान के माध्यम से कुल 4,543 सब-इंस्पेक्टर पद भरल गइल बा। एह भरती में कइयन गो पद सामिल बा, जइसे-
- सब-इंस्पेक्टर सिविल पुलिस
- प्लाटून कमांडर पीएसी / सब-इंस्पेक्टर सशस्त्र पुलिस
- प्लाटून कमांडर / सब-इंस्पेक्टर विशेष सुरक्षा बल
- महिला सब-इंस्पेक्टर सिविल पुलिस
पदनुसार सब-इंस्पेक्टर सिविल पुलिस के 1242, प्लाटून कमांडर पीएसी/सशस्त्र पुलिस के 135, विशेष सुरक्षा बल के 60 आ महिला सब-इंस्पेक्टर सिविल पुलिस के 106 पद सामिल बा।
आधिकारिक वेबसाइट पs उपलब्ध बा पूरा रिजल्ट
जवन अभ्यर्थी एह भरती परीक्षा में सामिल भइल रहे लोग, ऊ सब केहू अब UP Police SI Result 2026, अंतिम मेरिट लिस्ट आ कटऑफ मार्क्स आधिकारिक वेबसाइट uppbpb.gov.in से डाउनलोड कs सकत बा। चयनित उम्मीदवार अब आगे के नियुक्ति प्रक्रिया खातिर तइयार रहे लोग।
Read Also: Realme Narzo 100x 5G Launch : 8000mAh बैटरी वाला दमदार फोन 20 हजार से कम दाम में, जानीं फीचर









