[the_ad_group id="30365"]

₹2000 Notes: 2000 के नोटन पs आरबीआई के बड़ खुलासा, नया वित्तीय बरिस के पहिला दिन सामने आइल ई आंकड़ा

RBI's big revelation on 2000 notes, the figures came out on the first day of the new financial year
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिजनेस डेस्क: भारतीय रिजर्व बैंक मंगर के कहलस कि 2000 रुपिया के 98.21 प्रतिशत नोट बैंकिंग प्रणाली में वापस आ गइल बा आ खाली 6,366 करोड़ रुपिया मूल्य के अइसन नोट अभियो जनता के लगे बा। 19 मई, 2023 के भारतीय रिजर्व बैंक (RBI) 2000 रुपिया मूल्यवर्ग के बैंक नोटन के प्रचलन से वापस लेवे के घोषणा कइले रहे।

आरबीआई बतवलस कि 19 मई 2023 के कारोबार बंद होखला के दौरान चलन में रहल 2000 रुपिया के बैंक नोटन के कुल मूल्य 3.56 लाख करोड़ रुपिया रहे। 31 मार्च 2025 के कारोबार बंद होखला के बाद बाजार में करीब 6,366 करोड़ रुपिया के नोट बाकी बाच गइल बा। आरबीआई बयान में कहलस, “एह तरे, 19 मई 2023 तक प्रचलन में रहल 2000 रुपिया के 98.21 प्रतिशत बैंक नोट वापस आ चुकल बा।”

2000 रुपिया के बैंक नोट जमा करे भा बदले के सुविधा 7 अक्तूबर 2023 तक सब बैंकन के शाखा में उपलब्ध रहे। हालांकि, ई सुविधा अब भी रिज़र्व बैंक के 19 निर्गम कार्यालयन में उपलब्ध बा। 9 अक्तूबर 2023 से आरबीआई के निर्गम कार्यालय व्यक्तियन आ संस्थानन से ओकरा बैंक खातन में जमा करे खातिर 2000 रुपिया के बैंक नोट स्वीकार कs रहल बाड़ी सs।

एकरा अलावे, आम लोग भारतीय डाक के माध्यम से देस के कवनो डाकघर से 2000 रुपिया के नोट अपना बैंक खाता में जमा करावे खातिर भारतीय रिजर्व बैंक के कवनो कार्यालय में भेज सकत बा लो। आरबीआई बतवले बा कि 2000 रुपिया के बैंक नोट वैध मुद्रा बनल रही।

Read Also: Economic Survey: वित्त बरिस 26 में 6.3-6.8 प्रतिशत के बीच रह सकत बा वृद्धि दर, आर्थिक सर्वेक्षण में अनुमान

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]