सबेरे-दुपहरिया भा सांझ, क‍वना टाइम पीये के चाह‍ीं चाय-कॉफी? धेयान रखीं 7 गो बात; कबो ना पड़ेम बेमार

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 26, 2025

लाइफस्‍टाइल डेस्‍क। अक्सर देखल जाला कि लोग सबेरे उठतही बेड टी लेहल पसंद करेला। कइयन लोग बहुते पीयेला। हालांक‍ि, खाली पेट चाय भा कॉफी पीयला से पेट में एसिड रिफ्लक्स होखे लागेला। एकरा से एसिडिटी

Share

सबेरे-दुपहरिया भा सांझ, क‍वना टाइम पीये के चाह‍ीं चाय-कॉफी? धेयान रखीं 7 गो बात; कबो ना पड़ेम बेमार

लाइफस्‍टाइल डेस्‍क। अक्सर देखल जाला कि लोग सबेरे उठतही बेड टी लेहल पसंद करेला। कइयन लोग बहुते पीयेला। हालांक‍ि, खाली पेट चाय भा कॉफी पीयला से पेट में एसिड रिफ्लक्स होखे लागेला। एकरा से एसिडिटी के समस्यो बढ़ सकेला। बाकिर का रउआ कबो सोचले बानी कि चाय-कॉफी पीये के सही समय का होखे के चाहीं? कइयन लोग खाली पेट चाय भा कॉफी पी लेत बा, जवना से सेहत पs नकारात्मक प्रभाव पड़ सकत बा।

सही समय आ सही तरीका से जदि चाय कॉफी पीयल जाव तs ई सेहत खातिर फायदेमंद हो सकत बा। आज हमनी के रउआ अपना एह लेख में बताएम क‍ि सबेरे उठला के बाद चाय-कॉफी पीये के सही टाइमिंग का होखे के चाहीं आ कवना बातन के धेयान रखल जरूरी बा। ताकि सेहत के नुकसान ना पहुंच सके। आईं जानल जावs व‍िस्‍तार से-

खाली पेट चाय-कॉफी पीयला से सेहत के होला ई नुकसान

  • खाली पेट चाय भा कॉफी पीयला से पेट में एसिड बने लागेला, जवना से एसिडिटी आ गैस के समस्या हो सकत बा।
  • सबेरे-सबेरे कैफीन लेला से देह के मेटाबॉलिज्म पs बुरा असर पड़ सकत बा। एकरा से राउर डाइजेशन खराब हो सकत बा।
  • एकरा अलावे सबेरे के समय देह में कोर्टिसोल हॉर्मोन के लेवल जादे होला, जवन देह के एनर्जेट‍िक बना के रखे में मददगार बा। अइसन में चाय कॉफी पीयला से कोर्टिसोल हॉर्मोन के लेवल कम हो सकत बा।
  • सबेरे खाली पेट कैफीन लेला से हड्ड‍ी कमजोर हो सकत बा।
  • अइसन करे से कैफीन के सीधा असर द‍िमाग पs पड़त बा।
  • खाली पेट कॉफी पीयला से छाती में जलन होखे लागत बा।

चाय भा कॉफी पीये के सही समय का बा?

जब रउआ सबेरे उठेनी, तs सबसे पहिले एगो गिलास गुनगुना पानी भा नींबू-पानी पिहीं। ई देह के डिटॉक्स करेला आ पाचन तंत्र के सक्रिय करत बा। सबेरे के नाश्ता कइला के बाद 30-45 मिनट बाद चाय भा कॉफी पीयल सबसे सही होला। एकरा से पेट पs जादा दबाव ना पड़ेला आ पाचन तंत्रो दुरुस्‍त रहेला।

सबेरे 9 से 11 बजे के बीच सही समय

जदि रउआ काम करत घरी भा ऊर्जावान महसूस करे खातिर चाय भा कॉफी पीयल चाहत बानी, तs सबेरे 9 से 11 बजे के बीच पी सकत बानी। एह समय कोर्टिसोल स्तर सामान्य होखे लागेला आ देह के कैफीन के जरूरत महसूस होला।

एह बातन के रखीं ध्‍यान

  • एसिडिटी से बचे खातिर हल्का चाय भा ब्लैक कॉफी लिहीं।
  • चाय-कॉफी में जादे चीनी डालल सेहत खातिर नुकसानदायक हो सकत बा। जदि संभव होखे तs बिना चीनी वाली चाय भा कॉफी पिहीं।
  • सबेरे-सबेरे दूध वाली चाय पीयला से कुछ लोगन के पेट भारी लाग सकत बा, एहिसे हर्बल टी, लेमन टी भा ब्लैक टी लिहीं।
  • दिनभर में 2-3 कप से जादे चाय भा कॉफी मत प‍िहीं।

Disclaimer: लेख में उल्लिखित सलाह आ सुझाव खाली सामान्य सूचना के उद्देश्य खातिर बा आ एकरा के पेशेवर चिकित्सा सलाह के रूप में ना लिहल जाये के चाहीं। कवनो सवाल भा परेसानी होखे तs हमेसा अपना डॉक्टर से सलाह लीं।

Read Also: UP News : जमीन अधिग्रहण घोटाला में आईएएस अभिषेक प्रकाश सहित 16 दोषी, राजस्व परिषद के रिपोर्ट पs सीएम लगवलें मुहर

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.