[the_ad_group id="30365"]

आरबीआई : आरबीआई आज मौद्रिक नीति के घोषणा करी, फिर से रेपो दर में बढ़ोतरी के संभावना

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

आरबीआई : आरबीआई आज मौद्रिक नीति के घोषणा करी, फिर से रेपो दर में बढ़ोतरी के संभावना

भारतीय रिजर्व बैंक आजु आपन ताजा मौद्रिक नीति के एलान करी| कहल जा रहल बा कि आरबीआई फेर से रेपो रेट 0.25 फीसदी बढ़ा सकेला | फरवरी में भइल एमपीसी के बइठक में रेपो दर 0.25 फीसदी बढ़ा के 6.50 फीसदी कर दिहल गइल| ओह घरी आरबीआई कहले रहे कि खुदरा महंगाई दर पर काबू राखे आ उच्च विकास दर बनवले राखे खातिर प्रमुख नीतिगत दर में 0.25 फीसदी के बढ़ोतरी कइल गइल बा|

एकरा संगे एसबीआई के मुख्य आर्थिक सलाहकार सौम्या कान्ति घोष के कहनाम बा कि अब आरबीआई के लगे अप्रैल के समीक्षा में रेपो रेट ना बढ़ावे के पर्याप्त कारण बा। तरलता के मोर्चा पे समस्या के बावजूद केंद्रीय बैंक आवे वाला एमपीसी बैठक में नरम रुख अपना सकता। हालांकि आरबीआई के लगे जून में होखेवाला एमपीसी के बैठक में रेपो रेट बढ़ावे के विकल्प बा।

महंगाई दर 5.5% के करीब रह सकेला

घोष कहले कि खुदरा महंगाई के मोर्चा पे फिलहाल बहुत राहत के उम्मेद बा। पिछला दस साल में औसत महंगाई दर 5.8 फीसदी रहल बा | आवे वाला दिन में खुदरा महंगाई दर 5.5 फीसदी आ ओकरा से कम होखे के संभावना कम बा | पिछला दू महीना से खुदरा महंगाई दर आरबीआई के 6 फीसदी के आरामदायक रेंज से ऊपर बा | फरवरी में खुदरा महंगाई दर 6.44 फीसदी आ जनवरी में 6.52 फीसदी रहल |

बैंक ऑफ बड़ौदा के मुख्य अर्थशास्त्री मदन सबनवीस के कहना बा कि पिछला दू महीना से खुदरा महंगाई दर छह फीसदी से ऊपर रहल आ तरलता भी तटस्थ हो गइला का बाद अनुमान लगावल गइल बा कि आरबीआई रेपो दर में 0.25 फीसदी के बढ़ोतरी कर सकेले | संगही, इ संकेत दे सकता कि दर बढ़ावे के चरण खतम हो गईल बा। मई 2022 से रेपो दर में 2.50% के बढ़ोतरी भइल बा।

साभार- अमर उजाला

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]