[the_ad_group id="30365"]

Bimonthly RBI monetary policy: RBI ब्याज दर में ना कइलस बदलाव, 6.50% पs बनल रही रेपो रेट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

रिजर्व बैंक गवर्नर शक्तिकांता दास (Shaktikanta Das) 6 अप्रिल 2023 के वित्त बरिस 2024 के पहिला मॉनिटरी पॉलिसी के ऐलान कइलस। आरबीआई गवर्नर रेपो रेट (Repo rate) में कवनो बदलाव नइखे कइले। रेपो रेट 6.5 फीसदी पs बरकरार रखले बा। आरबीआई गवर्नर कहलें कि कोर महंगाई दर अभियो ऊपरी स्तर पs बनल बा। लगातार छव बेर रेपो रेट बढ़वला के बाद आरबीआई नया वित्तीय बरिस के पहिला एमपीसी बैठक में एकरा के इस्थिर रखले बा।

फरवरी में भइल एमपीसी बैठक में रेपो दर के 0.25 फीसदी बढ़के 6.50 फीसदी कइल गइल रहे। ओह समय आरबीआई कहले रहे कि खुदरा महंगाई के काबू में रखे आ उच्च विकास दर के बना के रखे खातिर प्रमुख नीतिगत दर में 0.25 फीसदी के बढ़न्ती कइल गइल रहे। आरबीआई के मोताबिक FY 24 में महंगाई में कमी के अनुमान बा। ऊ कहलें कि FY 24 में जीडीपी ग्रोथ 6.5% प्रतिशत रह सकत बा। ऊ कहलें कि FY 23 के अक्टूबर-दिसंबर तिमाही में चालू खाता घाटा जीडीपी के 2.7% रहल।

द्वैमासिक आरबीआई मौद्रिक नीति: आरबीआई दर

  • पॉलिसी रेपो दर: 6.50%
  • स्थायी जमा सुविधा (एसडीएफ): 6.25%
  • सीमांत स्थायी सुविधा दर: 6.75%
  • बैंक दर: 6.75%
  • फिक्स्ड रिवर्स रेपो रेट: 3.35%
  • नकद आरक्षित अनुपात (सीआरआर): 4.50%
  • वैधानिक तरलता अनुपात (एसएलआर): 18.00%
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]