Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Financial आ Assessment Year में कंफ्यूजन करीं दूर, एह आधार पs जमा होला राउर ITR

327

जब कबो रउआ आईटीआर भरे खातिर कवनो टैक्स विशेषज्ञ सीए भा वकील के लगे जानी सs, तs हमेशा फाइनेंशियल ईयर (Financial Year (FY)) आ असेसमेंट ईयर (Assessment Year(AY)) जइसन शब्दन के बहुते प्रयोग होला। आम लोगन के मन में एकरा के लेके कंफ्यूजन बनल रहेला। आज हमनी के अपना एह रिपोर्ट में जानेम सs कि आखिर दुनो के बीच अंतर का बा…

का होला आईटीआर? (What is ITR?)

आईटीआर के पूरा नाम इनकम टैक्स रिटर्न हs। कवनो व्यक्ति द्वारा अपना पिछला साला के वित्तीय लेनदेन आ टैक्स के जमा करे खातिर एकर प्रयोग कइल जाला।

का होला फाइनेंशियल ईयर? (What is Financial Year?)

भारत में इनकम टैक्स डिपार्टमेंट के ओर से कवनो व्यक्ति द्वारा एक साल में अर्जित कइल गइल इनकम पs टैक्स वसूलल जाला। इनकम टैक्स कैलकुलेशन खातिर साल 1 अप्रिल से सुरू होके अगिला साल 31 मार्च पs खतम होला। फाइनेंशियल ईयर ओह अवधि के कहल जाला, जवना साल कवनो व्यक्ति आय अर्जित कइले होखे।

का होला असेसमेंट ईयर? (What is Assessment Year?)

असेसमेंट ईयर ओह अवधि के कहल जाला, जवना साल के आय पs रउआ इनकम टैक्स भर रहल बानी। उदाहरण खातिर जदि रउआ 31 जुलाई, 2023 तक आपन इनकम टैक्स जमा करावत बानी, तs फेर राउर असेसमेंट ईयर 2022-23 मानल जाई। सामान्य तौर पs ई चालू वित्त बरिस से एक साल पहिले के होला।

फाइनेंशियल ईयर आ असेसमेंट ईयर में अंतर

ऊ साल जवना दौरान आय अर्जित कइल जाला, ओकरा के फाइनेंशियल ईयर कहल जाला। असेसमेंट ईयर ओकरा के कहल जाला, जवना साल खातिर रिटर्न फाइल कइल जाला। उदाहरण खातिर- श्याम नाम के व्यक्ति नौकरी करत बा। 2022-23 के दौरान कुल 5 लाख के सैलरी अर्जित कइलस। एकरा के कहल जाई कि ऊ फाइनेंशियल ईयर 2022-23 के दारौन पांच लाख रुपिया कमइलस। ओहिजा, जदि ऊ एह पs टैक्स 31 जुलाई, 2023 के भरता बा, तs कहल जाई कि ऊ असेसमेंट ईयर 2022-23 खातिर इनकम टैक्स भर रहल बा।

502240cookie-checkFinancial आ Assessment Year में कंफ्यूजन करीं दूर, एह आधार पs जमा होला राउर ITR

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.