[the_ad_group id="30365"]

राउत शिवसैनिकन के अयोध्या दौरा खातिर रखले रहलें 11 लाख, बंडल पर लिखल रहे शिंदे के नाम!

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

ईडी द्वारा गिरफ्तार संजय राउत के घर मिलल 11.50 लाख रुपया के लेके उनकर भाई सुनील रावत बड़ दावा कइले बाने। सुनील कहलें कि ई राशि शिवसैनिकन के अयोध्या दौरा खातिर रखल गइल रइल। नोट के बंडल पर एकनाथ शिंदे भी लिखल रहल।

मुंबई के पात्रा चॉल जमीन घोटाले से जुड़ल मनी लॉन्ड्रिंग मामला में ईडी कल 16 घंटा के पूछताछ के बाद राउत के गिरफ्तार क लिहलस। उनके आज कोर्ट में पेश कके प्रवर्तन निदेशालय रिमांड मांग सकत बा। एही बीच एह घोटाला, उनसे पूछताछ, गवाह के धमकी, उनकर हिरासत के ले के कई खबर मीडिया में छा रहल बा।

एही बीच,  शिवसेना विधायक सुनील राउत दावा कइलें कि ईडी के जौन राशि मिलल बा, ऊ शिवसैनिकन के अयोध्या दौरा खातिर रहल। नोट के बंडल पर ‘एकनाथ शिंदे अयोध्या टूर’ भी लिखल रहल। सुनील राउत ई भी दावा कइलें कि ई फर्जी मामला बा। ईडी के एह घोटाला में राउत के फंसवले के कौनों सबूत नाइ मिलल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]