[the_ad_group id="30365"]

कुलदीप बिश्नोई कइलें भाजपा में शामिल होखले के ऐलान, आजु छोड़ दीहें विधायक पद

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

हरियाणा के राजनीति में कांग्रेस विधायक कुलदीप बिश्नोई के लेके जारी सस्पेंस खत्म हो गइल बा। उ खुदही भारतीय जनता पार्टी के दामन थमले के ऐलान क देहलें बानें। बिश्नोई गुरुवार सुबह भाजपा में शामिल हो जइहें। एकर जानकारी उ ट्वीट के जरिए देहलें। खास बात ह कि राज्यसभा चुनाव में क्रॉस वोटिंग के बादे से उनके लेके कई अटकल जारी रहल।

कुलदीप मंगलवार के ट्वीट कइलें कि 4 अगस्त के 10.10 बजे ऊ भाजपा में चल जइहें। उ दूसरा ट्वीट कके कहले कि ‘घायल तो यहां हर परिंदा है, मगर जो फिर से उड़ सका वही जिंदा है।’ ऊ मंगलवार के विधायक के तौर पर चंडीगढ़ में इस्तीफा दीहें ताकि उनकर बेटा भव्य बिश्नोई भाजपा के टिकट पर आदमपुर उपचुनाव में उतर सकें।

मंगलवार साँझ के बिश्नोई आदमपुर स्थिति आवास पर समर्थकन के साथ बैठक कइले रहने। उ भाजपा में शामिल होखले के ले के समर्थकन से सुझाव भी मंगले रहने, जेकर सभे समर्थन कइल। एकरे बाद कांग्रेस नेता कहलें कि आदमपुर विधानसभा सीट 27 साल के वनवास कटले बा अउरी अब एकरे वनवास खतम होखले के समय आ गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]