[the_ad_group id="30365"]

बयान पर बवाल के बाद राज्यपाल कोश्यारी देहलें सफाई, बोलले- मराठियन के अपमान करे के कौनो इरादा नाइ रहल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

शुक्रवार के अपने विवादित बयान के कारण सुर्खी में आइल महाराष्ट्र के राज्यपाल भगत सिंह कोश्यारी आज सफाई देहलें। उ कहलें कि हमार इरादा मराठियन के अपमान के तनिको नाइ रहल। हम त बस गुजरातियन अउरी राजस्थानियन के योगदान के प्रशंसा करत रहनी। दरअसल, राज्यपाल शुक्रवार के मुंबई के अंधेरी में एक कार्यक्रम में बोलत मारवाड़ी गुजराती समुदाय के प्रशंसा कइलें अउरी कहलें कि ऊ जहां भी जालें, अस्पताल, स्कूल आदि बना के जगह के विकास में योगदान करेने। उ कहलें कि अगर महाराष्ट्र से गुजरातियन अउरी राजस्थानियन के हटा दिहल जाव त महाराष्ट्र के पास कौनो पैसा नाइ बची अउरी मुंबई के भारत के आर्थिक राजधानी नाइ कहल जाई। ई बयान महाराष्ट्र में राजनीतिक तूफान खड़ा क देहलस। शिवसेना, कांग्रेस अउरी मनसे के नेता एह बयान के मराठी गौरव के ‘आहत’ करे वाला बतवले। शिवसेना सांसद संजय राउत त इस्तीफ़ा तक के मांग क देहलें।

राज्यपाल का देहलें सफाई

राज्यपाल कोश्यारी सफाई देत कहलें कि मुंबई महाराष्ट्र के शान ह। ई देश के आर्थिक राजधानी भी ह। हमके गर्व बा कि हमके एक राज्यपाल के रूप में छत्रपति शिवाजी महाराज के भूमि अउरी मराठी लोग के सेवा कइलें के अवसर मिलल। एह वजह से हम बहुत कम समय में मराठी भाषा सीखले के कोशिश कइलीं। काल्ह राजस्थानी समाज के कार्यक्रम में हम जौन बयान देहनीं, ओमें हमार मराठी आदमी के कम कके आंके के कौनो इरादा नाइ रहल। हम त केवल गुजराती अउर राजस्थानी मंडल द्वारा व्यापार में कइल गइल योगदान पर बात कइलीं।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]