[the_ad_group id="30365"]

राप्ती तुडलस बाढ़ के रिकॉर्ड, दू लाख लोग संकट में, राहत अउर बचाव के काम शुरू, एनडीआरएफ बोलावल गइल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बलरामपुर नगर के कुछ मोहल्ला में नाव चल रहल बा। प्रशासन राहत अउर बचाव कार्य में जुटल बा। नेशनल हाईवे सहित कई रास्ता पर बाढ़ के पानी बहले से आवागमन प्रभावित हो रहल बा। बाढ़ में करीब 70 हजार हेक्टेअर धान अउर गन्ना के फसल पानी में डूब गइल बा। जिला के 405 विद्यालय में बाढ़ के पानी भर गइल बा।

प्रशासन एनडीआरएफ के टीम बुला लिहल गइल बा। साँझ तक हालात अउर खराब हो सकsता। एसडीआरएफ के टीम राहत अउर बचाव कार्य में जुट गइल बा। साँझ ले एनडीआरएफ के टीम भी आ जाई।

इहे हाल श्रावस्ती जिला के ह। जिला के करीब 900 स्कूल बाढ़ के पानी से घिर गइल बा

Flood in Balrampur and Shravasti.

बलरामपुर जिला के कई मोहल्ला में नाव चल रहल बा। लोगों के सुरक्षित निकालल जा रहल बा।
Flood in Balrampur and Shravasti.

स्थानीय लोग सुरक्षित स्थान के ओर प्रस्थान कs रहल बानें। प्रशासन भी सक्रिय हो गइल बा।
Flood in Balrampur and Shravasti.

बतावल जा रहल बा कि जलस्तर अउर बढ़ सकsता। जिला के 355 गांव बाढ़ के चपेट में बा।
Flood in Balrampur and Shravasti.

श्रावस्ती जिला में स्कूल बाढ़ के पानी में डूब गइल बा। एसडीआरएफ के टीम राहत अउर बचाव कार्य में लाग गइल बा।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]