[the_ad_group id="30365"]

मशरक के प्रसिद्ध चिकित्सक डॉक्टर सीताराम पाण्डेय के पग कुत्ता चोरी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मशरक (सारण)। धर्मेन्द्र कुमार सिंह: सारण जिला के मशरक के प्रसिद्ध चिकित्सक डॉक्टर सीताराम पांडेय के पालतू पग कुता के लापता होखला से चिकत्सालय प अफरातफरी के माहौल बन गइल। लापता कुत्ता के नाम शिबू ह। बीतल तीन दिन पहिले पालतू कुता शिबू देर साँझ अस्पताल से घरे ग। ऊ गाड़ी प चढ़ल बहुते पसन करत रहे। केहु के पता ना चलल कि उ कवना मरीज के गाड़ी प बइठ के गायब हो गइल।

शिबू के खोज बीन होखे लागल। चारो तरफ खोज बीन में पता लगवला के बादो अभी ले शिबू कुता के पता नइखे चल पाइल। शिबू कुता चोरी होखला के चरचा समूचा मशरक में चल रहल बा। मशरक के प्रसिद्ध चिकित्सक डॉक्टर सीताराम पांडेय के दुसरका लईका भाजपा के वरिष्ठ नेता झुना पांडेय उर्फ रजनीश बतवले की पग कुता जेकर नाम शिबू बा बियफे के करीब साढ़े नौ बजे हमनी के घर से अचानक गायब हो गइल बा कि चुरा लिहल गइल बा ई अभी तक साफ नइखे हो सकल। जवना के खोज हमनी के कर रहल बानी स।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]