[the_ad_group id="30365"]

हैदराबाद फार्मूला ई रेस के लोगो आ वेबसाइट के भइल अनावरण

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

हैदराबाद भारत के पहिला शहर बने के गौरव हासिल करी जौन फार्मूला ई रेस के मेजबानी करी। हैदराबाद ई-प्रिक्स दू दिन 10 आ 11 फरवरी 2023 के नेकलेस रोड पर होई। फार्मूला ई दुनिया के प्रमुख इलेक्ट्रिक सिंगल-सीटर रेसिंग सीरीज ह, जेकर संचालन फेडरेशन इंटरनेशनल डे ल’ऑटोमोबाइल (एफआईए) द्वारा कइल जाला।

ए आयोजन के सथही हैदराबाद न्यूयार्क, लंदन, बर्लिन, सियोल, मोनाको, आ रोम जइसन ई-प्रिक्स के मेजबान शहरन के प्रतिष्ठित सूची में शामिल हो जाई। एह आयोजन में टीम महिंद्रा समेत 11 टीमन के 22 ड्राइवर हैदराबाद स्ट्रीट सर्किट के आसपास जीत खातिर मुकाबला करिहें।

मार्की रेस के दौड़ के रूप में तेलंगाना सरकार 6 फरवरी से 11 फरवरी ले हैदराबाद ई-मोबिलिटी वीक के आयोजन करी। ई हफ्ता कई गो रोमांचक आयोजनन से भरल रही जौना में हैदराबाद में वैश्विक इलेक्ट्रिक वाहन इकोसिस्टम के देखावल जाई। हफ्ता भर चले वाला एह उत्सव के तहत शहर में हैदराबाद ईवी शिखर सम्मेलन, राल-ई हैदराबाद, आ हैदराबाद ई-मोटर शो के आयोजन होखी आ ओकरा बाद हैदराबाद ई-प्रिक्स से हफ्ता के समापन होई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]