[the_ad_group id="30365"]

राम के नाम पर राजनीति कर रहल बा शिवसेना

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

केंद्रीय मंत्री रावसाहेब पाटिल दानवे सोमवार के महाराष्ट्र के सीएम उद्धव ठाकरे पर जमकर बरसने। ऊ कहने कि भगवान राम के नाम पर राजनीति शिवसेना कर रहल बा, भाजपा नाइ। ऊ कहने कि भाजपा के पूर्व सहयोगी लोग सत्ता खातिर हिंदुत्व के पेटेंट कांग्रेस अउर राकांपा के बेच देहने।

पाटिल ई पलटवार सीएम ठाकरे के हिंदुत्व के पेटेंट के ले के कइल गइल टिप्पणी के जवाब में कइने। समाचार एजेंसी एएनआई के संगे फोन पर चर्चा करत पाटिल कहने कि हमनीके हमेशा हिंदुत्व खातिर लड़ल बानी जा, जबकि शिवसेना समय-समय पर रंग बदलत रहल बा। दानवे पाटिल कहने कि जब देश में आपातकाल लागल त ऊ हमार समर्थन कइने, लेकिन जब प्रणब मुखर्जी के राष्ट्रपति पद खातिर प्रत्याशी बनावल गइल त ऊ कांग्रेस के समर्थन कइने| उहवें, भाजपा आपन लोगो चाहे चुनाव चिंह सिर्फ समय के अनुसार बदललस, लेकिन हिंदुत्व के लेके आपन दृष्टिकोण नाइ बदललस|

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]