तेजस्वी के जदयु देलस झटका; बिहार राजद अध्यक्ष के परिवार में टूट, 12 अप्रिल के जदयू में सामिल होखिहे उनकर इंजीनियर लईका

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 8, 2022

JDU RJD प्रदेश अध्यक्ष जगदानन्द सिंह के घर में राजनीतिक सेंधमारी करे जा रहल बिया। जगदानन्द सिंह इंजीनियर बेटा अजीत सिंह के जनता दल (यूनाइटेड) में ले आवे के सब तइयारी पूरा हो गइल बा।

Share

JDU RJD प्रदेश अध्यक्ष जगदानन्द सिंह के घर में राजनीतिक सेंधमारी करे जा रहल बिया। जगदानन्द सिंह इंजीनियर बेटा अजीत सिंह के जनता दल (यूनाइटेड) में ले आवे के सब तइयारी पूरा हो गइल बा। एकरा बादो जे लोग आरजेडी के प्रदेश अध्यक्ष के जानेला, ओह लोग के पाता बा कि उनकर अलगे तेवर हs। उनकर लईका सुधाकर सिंह जब BJP से चुनाव लड़ल रहस, तब ऊ चुनाव प्रचार कs के अपना लईका के हरवा देले रहस। अब ऊ लालू के बेटा तेजस्वी के मुख्यमंत्री के कुरसी पs बइठावे के मुहिम में जुटल बाड़े।

जब सुधाकर सिंह BJP छोड़ के RJD में अइले तब जगदानंद सिंह उनका के जीतावे में ताकत लगवले रहस। इ सब बात जदयु के मालूम बा, बाकिर पार्टी समाज में एगो मैसेज दिहल चाहत बिया। अब तक का तइयारी के मुताबिक,अजीत सिंह 12 अप्रिल के जेडीयू के सदस्यता लिहे। JDU के राष्ट्रीय अध्यक्ष ललन सिंह एह खास मवका पs मवजूद रहिहे।

नितीश कुमार के संगे बहुत कुछ सीखे के मिली

अजीत सिंह बतवले- JDU में सामिल होखे आला बानी। CM नितीश कुमार के बचपने से काम करत देखत आइल बानी आ उनका से प्रभावित बानी। उनका संगे राजनीति कs के बहुत कुछ सीखे के मवका मिली। नितीश कुमार बड़ समाजवादी नेता हवे।

साभार: भास्कर

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.