[the_ad_group id="30365"]

राम हमनी के आदर्श आ प्रेरणा स्रोत हवे : डीएम अखंड प्रताप सिंह 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

देवरिया/अखिलेश कुमार सिंह। पंडित दीन दयाल उपाध्याय सभागार नगर पालिका कार्यालय परिसर देवरिया में दैनिक जागरण के ओर से रामोत्सव के अंर्तगत सबके राम कार्यक्रम के आयोजन कइल गइल।

चार चरणन में आयोजित कार्यक्रम के पहिला सत्र के उद्घाटन सत्र में भगवान के आरती आ शंख ध्वनि से पूरा सभागार गुज उठल आ सबके राम में पीठाधीश्वर तिरुपति बालाजी के राजनारायण आचार्य कावर से राम के जिनगी पs प्रकाश डालल गइल।

दूसरका सत्र में प्रोफेसर शरद चंद्र मिश्रा रामराज आ आधुनिक संदर्भ पs आपन विचार व्यक्त कइलें। तीसरका सत्र में संत विनोबा पीजी कॉलेज के प्रोफेसर विवेक मिश्रा आ बरहज आश्रम के पीठाधीश्वर आंजनेय दास कावर से सनातन संस्कृति आ श्रीराम पs विस्तृत चरचा कइल गइल।

चउथा आ समापन सत्र में श्रीराम जानकी मंदिर सुभाष चौक पs महा आरती आ दीपदान उत्सव कइल गइल। दैनिक जागरण देवरिया के चीफ ब्यूरो महेंद्र त्रिपाठी कार्यक्रम में उपस्थित सब लोगन के आभार व्यक्त कइलें।

एह कार्यक्रम में सांसद रमापति त्रिपाठी, सांसद रविन्द्र कुशवाहा, विधायक सलभ मणि त्रिपाठी, अलका सिंह, डीएम अखंड प्रताप सिंह, एसपी संकल्प शर्मा, महेंद्र त्रिपाठी, पवन मिश्रा, गोल्डी बाबा, सरवन गुप्ता, अरविंद सिंहश्याम नारायण मिश्रा, राकेश गिरी, संजय यादव आदि लोग उपस्थित रहल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]