[the_ad_group id="30365"]

अनशन: तंदूरी चिकन के बाद मच्छरदानी, विपक्षी सांसद अइसे कर रहल बाने महंगाई, बेरोजगारी अउर निलंबन के खिलाफ प्रदर्शन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

महंगाई, बेरोजगारी पर हंगामे के बाद राज्यसभा से निलंबित सांसदन के 50 घंटा के प्रदर्शन जारी बा। विपक्ष के सांसद संसद भवन के बाहर डटल बाने। बुधवार सुबह 11 बजे से शुरू भईल उनकर ई प्रदर्शन आज दोपहर एक बजे खत्म होई। एह बीच सांसदन के विरोध प्रदर्शन के कई तस्वीरें अउर खबर सामने आ रहल बा।

एक दिन पहिले सांसदन के चाय से लेकर नाश्ता फिर लंच अउर डिनर के बारे में खबर अउर तस्वीर सामने आईल रहे। अब गुरुवार रात के तस्वीर सामने आईल बा। एहमें विपक्षी सांसद मच्छरदानी लगाके सूतल दिख रहल बाने। सामने पंखा भी लागल बा। तस्वीर में आम आदमी पार्टी के सांसद संजय सिंह सूतत दिखाई देत बाने। तस्वीर में टीएमसी सांसद डेरेक ओ ब्रायन, सुष्मिता देव अउर मौसम बेनजीर नूर भी दिखाई दे रहल बाने।

मॉर्टिन जला के बितवले रात

एक दिन पहिले कांग्रेस सांसद मनिकम टैगोर एक वीडियो ट्वीट कइले रहने। एहमें एक सांसद के हाथ में मच्छर बइठल दिखाई दे रहल बा। बतावल जा रहल बा, ओह रात धरना दे रहल सांसद मच्छरन से परेशान दिखले। जइसे-तइसे मॉर्टिन जला के उ रात बितवले, लेकिन अगलही दिन उनके खातिर मच्छरदानी के व्यवस्था कइल गईल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]