[the_ad_group id="30365"]

‘अगर गुजरातियन के महाराष्ट्र से हटा देहल गइल’ राज्यपाल के भाषण पर बवाल, शिवसेना भइल आगबबूला

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

महाराष्ट्र के राज्यपाल बीएस कोश्यारी के भाषण के बाद से राज्य के सियासत एक बेर फिर से गरमा गइल बा। शिवसेना के राज्यसभा सांसद संजय राउत  भाषण के निंदा करत कहलें कि राज्यपाल मराठी गौरव के ‘आहत’ कइलें बाने। उ मुख्यमंत्री एकनाथ शिंदे से कम से कम राज्यपाल द्वारा देहल गइल बयान के निंदा कइले के आग्रह कइलें। दरअसल, राज्यपाल अपने भाषण के दौरान कहले रहने कि अगर महाराष्ट्र से गुजरातियन अउर राजस्थानियन के हटा देहल जाय, त महाराष्ट्र के लग्गे कौनों पइसा नाई बची अउर मुंबई के अब भारत के आर्थिक राजधानी नाइ कहल जाई।

जानीं का बा पूरा मामला

दरअसल, राज्यपाल शुक्रवार के मुंबई के अंधेरी में  एक कार्यक्रम में बोलत मारवाड़ी गुजराती समुदाय के प्रशंसा कइले अउर कहलें कि ऊ जहां भी जात बाने, अस्पताल, स्कूल आदि बनाकर जगह के विकास में योगदान करेने। उ कहलें कि अगर महाराष्ट्र से गुजरातियन अउर राजस्थानियन के हटा देहल जात बा, त महाराष्ट्र के पास कौनों पइसा नाइ बची अउर मुंबई के भारत के आर्थिक राजधानी नाइ कहल जाई।

संजय राउत मंगले राज्यपाल से इस्तीफा

ऊ राज्यपाल कोश्यारी के भाषण के ट्विटर पर शेयर करत संजय राउत कहलें कि ”राज्यपाल के मतलब बा कि महाराष्ट्र अउर मराठी लोग भिखारी ह। मुख्यमंत्री शिंदे, का आप सुन रहल बानीं? अगर आपके स्वाभिमान बा, त राज्यपाल के इस्तीफा मांगें।”

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]