[the_ad_group id="30365"]

रक्षा मंत्री राजनाथ सिंह दर्शन करे चहुँपलें काशी विश्वनाथ मंदिर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

रक्षामंत्री (Defence Minister) राजनाथ सिंह (Rajnath singh) काशी दौरा पर बाड़ें। काशी के अनुभूति पर लिखल पुस्तक ‘देखो हमरी काशी’ के लोकार्पण समारोह में रक्षामंत्री राजनाथ सिंह कहलें कि देश में कुछ लोग आंदोलनजीवी हो गइल बा। ओह लोग के काशी से बुद्धजीवी, श्रमजीवी अउर उत्सवजीवी गुण सीखे के चाहीं। उ कहलें काशी विधा के अनोखा फ्यूजन हवे। हमनी के काशी नित नूतन अउर आत्मा से पुरातन हवें।

रुद्राक्ष कंवेंशन सेंटर में वरिष्ठ पत्रकार हेमंत शर्मा के पुस्तक के विमोचन के बाद रक्षामंत्री राजनाथ सिंह कहलें कि कौनो शहर ले पहचान भलही राजनीतिक लोग, प्रशासक, साहित्यकार अउरी दूसर विशिष्टजन के रूप में होला। लेकिन, नगर के जनजीवन अंदाज के निर्धारण साधारण जन ही करेने। एकरे बिना शहर अउर जीवन के कल्पना संभव नाइ बा। इहां के हर निवासी के आत्मा में काशी बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]