[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर विश्वविद्यालय के आकांक्षा अउरी आदर्श के मिलल सालाना पांच लाख के पैकेज, एह कम्पनी सब में मिलल नौकरी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय के दू विद्यार्थियन आकांक्षा सिंह अउरी आदर्श राय के चयन सालाना पांच लाख रुपया के पैकेज पर भइल बा। इनके इंटर्नशाला कंपनी बिजनेस डेवलपमेंट एक्जीक्यूटिव के पद पर चयनित कइलें बा।

गोरखपुर विश्वविद्यालय के ट्रेनिंग एंड प्लेसमेंट सेल के ओर से आयोजित कैंपस ड्राइव में इंर्टनशाला कंपनी शुक्क के आखिरी चरन के साक्षात्कार लिहल गइल। विद्यार्थियन से ई इंटरव्यू ऑनलाइन लिहल गइल। बीबीए अंतिम वर्ष के छात्रा आकांक्षा सिंह के 5.04 लाख रुपया अउरी एमबीए के छात्र आदर्श राय के चयन 5.64 लाख के पैकेज पs कइल गइल।

साक्षात्कार खातिर बीबीए, एमबीए, बीएससी, बीकॉम, एमकॉम अउरी एलएलबी के 50 से बेसी लइकन के चयन कइल गइल रहे। इंटर्नशाला के एचआर हेड अंकिता बतवलें कि साक्षात्कार के बाद अंतिम चयन कइल गइल। विश्वविद्यालय मीडिया सेल के मुताबिक अभिन ले 50 से अधिक विद्यार्थियन के चयन विभिन्न कंपनियन में निम्मन पैकेज पर हो चुकल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]