[the_ad_group id="30365"]

आईएनएस विक्रान्त: जे शूरवीर ह उहे विक्रान्त ह, ऋग्वेद से लिहल गइल बा एकर ध्येय वाक्य

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

शुक्क (2 सितंबर) के प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी भारतीय नौसेना के पहिला स्वदेशी विमान वाहक जहाज़ विक्रान्त के जलावतरण कइले बानें। आजु बात विक्रान्त के नाम अउर ओकरे आदर्श वाक्य के। विक्रान्त के माने होला योद्धा, विक्रान्त के माने साहसी। जे शूर वीर हवे, उहे विक्रान्त हवे। जौन विजेता पर भी विजय पा ले, उहे विक्रान्त हवे। विदुषी मदालसा के एगो लइका के नाव भी विक्रान्त रहल।

उहवें श्रीमद्भगवद्गीता (1.6) में पांचाल योद्धा युधामन्यु के विक्रान्त कहल गइल बा। गीता में कहल गइल बा, “युधामन्युश्च विक्रान्त उत्तमौजाश्च वीर्यवान्।” युधामन्यु कर्ण के भाई चित्रसेन के वध कइले रहलें।

विक्रान्त के आदर्श वाक्यो बहुत सोच-समझकर चुनल गइल बा।
विक्रान्त के आदर्श वाक्य हवे: जयेम सं युधि स्पृधः (हमनीके युद्ध में दुश्मन पर पूरा विजय पावल जाव)

एके ऋग्वेद (1.8.3) से लिहल गइल बा। एह ऋचा में ऋषि मधुछन्दस वैश्वामित्र, भगवान इन्द्र से जीत के प्रार्थना करेने। ऊ कहेने
इन्द्र त्वोतास आ वयं वज्रं घना ददीमहि|
जयेम सं युधि स्पृधः ||

अर्थात् हे इन्द्र, राउर सुरक्षा पाके, हमनीके वज्र अउरी शस्त्र के उपयोग कइल जाव। हम युद्ध में दुश्मनन पर पूरा विजय पावल जाए।

अजुए भारत औपनिवेशिक मानसिकता से बाहर निकलले के ओर एक क़दम बढ़वले बा। नौसेना अपने जौने नयका प्रतीक के अनावरण कइले बा, ओमें भारतीय नौसेना के पितामह मानल जाए वाले छत्रपति शिवाजी महाराज के राजमुद्रा के अष्टकोणीय डिज़ाइन के भी जगह दिहल गइल बा। ई आठ कोण नौसेना के आठ दिशा में सजगता, सक्रियता देखावला।

छत्रपति शिवाजी महाराज जौन नौसेना के गठन कइले रहलें, ऊ अपने समय के अद्वितीय नौसेना रहल। एही नौसेना के कारण मराठा के दुश्मन उनके अहम ठिकाना पर कब्ज़ा नाइ कs पवलें।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]