[the_ad_group id="30365"]

राजस्थान: आरपीएसएसी कइलस सेकेंड ग्रेड टीचर भर्ती परीक्षा रद्द, पेपर लीक के सूचना पs लेहल गइल एक्शन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

राजस्थान लोक सेवा आयोग अपने सीनियर टीचर सेकेंड ग्रुप के परीक्षा बिहाने नौ बजे शुरू होखे के रहल। आजु बिहाने के पाली में समान्य विज्ञान के परीक्षा होखे के रहल। पेपर लीक भइले के सूचना पs पेपर रद्द कs दिहल गइल।

प्राप्त सूचना के अनुसार आरपीएसएसी सेकेंड ग्रेड टीचर भर्ती के सनीचर के होखे वाली परीक्षा के गड़बडी के सूचना मिलल रहे। एकरे चलते एह परीक्षा के निरस्त कs दिहल गइल बा। सनीचर के बिहाने नौ बजे परीक्षा शुरू होखे के रहल। आजु समान्य विज्ञान के परीक्षा रहल। उदयपुर में पेपर लीक के सूचना मिलले के बाद ई फैसला लिहल गइल बा। पुलिस अउर एसओजी के जांच के आदेश दे दीहल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]